[the_ad_group id="30365"]

गोला में लोगन के अंगदान के बारे में कइल गइल जागरूक:हर साल 13 अगस्त के मनावल जाला अंगदान दिवस, दान कइले की भी देहल गइल सलाह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

विश्व अंगदान दिवस प्रतिवर्ष 13 अगस्त के मनावल जाला बा। जेकर उद्देश्य लोगन के अंगदान के प्रति जागरुक कईल अउरी प्रेरित कईल बा। अंगदान दिवस दुनिया भर में अंग दान के बारे में जागरूकता के बढ़ावा देवे अउरी लोगन के एकरे प्रति प्रेरित कइले खातिर मनावल जाला।

आज चिकित्सा विज्ञान बहुत प्रगति कइले बा। आज हमनी के लग्गे आधुनिक दुनिया में अंग प्रत्यारोपण के माध्यम से जीवन बचवले के क्षमता बा अउरी अभी दुनिया भर में हजारों लोग बा अउरी जे अंग प्रत्यारोपण के अगोरा क रहल बा। वैश्विक अंग के कमी के पूरा कइले, ज़रूरतमंद के सहायता कइले खातिर अउरी आम जनता के प्रोत्साहित कइले खातिर पूरे विश्व में एके मनावल जाला।

ई बात अंगदान दिवस के पूर्व संध्या पर बीआरडी मेडिकल कॉलेज गोरखपुर के एनाटॉमी विभाग के विभागाध्यक्ष डॉ बिंदु सिंह साक्षात्कार के दौरान कहली कि अंग दान खातिर समाज में जागरूकता के जरूरत बा। आजु आधुनिक चिकित्सा विज्ञान बहुत कम समय में बहुत तेज़ी से विकसित भइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]