[the_ad_group id="30365"]

अब ट्रेन से कश्मीर गइले के सपना होई साकार, शेष भारत से जुड़ जाई श्रीनगर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अबकी बेर आजादी के जश्न जम्मू कश्मीर खातिर खास हो। आजादी के बाद पहिला बेर श्रीनगर रेल नेटवर्क के माध्यम से भारत के बाकी हिस्सा से जोड़ल जा रहल बा। चिनाब नदी पर दुनिया के सबले ऊँच एकल मेहराब वाला रेलवे पुल के ओवरआर्क डेक 13 अगस्त के लॉन्च करे के तइयारी चलत बा। ई रेल के माध्यम से कश्मीर पहुंचले के दिशा में एगो अउरी कदम होई। ई मेहराब पुल जम्मू डिवीजन के रेसी जिला के चिनाब नदी पर बनावल जा रहल बा जवन एफिल टावर से 35 मीटर ऊँच बा. एकर मेहराब के ऊँचाई चिनाब नदी के जलस्तर से 359 मीटर ऊपर बा।

चिनाब पुल के ओवरआर्क डेक के शुरुआत के संगे सलाल-ई अउरी दुग्गा रेलवे स्टेशन के दुनो ओर से जोड़ल जाई। डेक बिछावे के काम पूरा हो गइल बा. अब पुल के दुनो छोर के एक संगे जोड़ल जाई। एकरा बाद दिसंबर महीना ले रेल पटरी बिछावे के काम पूरा करे के लक्ष्य तय कइल गइल बा.

1.315 किलोमीटर लंबा एह पुल से सलाल-ई आ दुगा रेलवे स्टेशन के जोड़ल जाई. उधमपुर-श्रीनगर-बारमुल्ला रेल लिंक देश के एगो महत्वाकांक्षी परियोजना ह। एह पुल के भूकंप प्रतिरोधी बनावल जा रहल बा. एह पुल के 93 गो डेक पार्ट बा। एकर वजन 85 टन बा। कटरा से काजीगुंड तक रेल खंड के पांच खंड प काम चलता। इ उधमपुर से बारामूला तक के 272 किलोमीटर लंबा रेल परियोजना के हिस्सा ह।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]