[the_ad_group id="30365"]

भारत के पाकिस्तान पs हमला शुरू: लाहौर, सियालकोट, फैसालाबाद में पाकिस्तानी रक्षा प्रणाली तबाह, अवाक्स नष्ट आ 3 गो लड़ाकू विमान गिरल

भारत पाकिस्तान पs शुरू कइलस हमला
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत पाकिस्तान के खिलाफ जवाबी हमला शुरू कs देले बा। लाहौर आ सियालकोट समेत पाकिस्तान के कई शहरन पs भारत हमला शुरू कर दिहले बा. भारत के जम्मू, पंजाब, राजस्थान पs पाकिस्तान के हमला के जवाब में भारत पाकिस्तान के शहर पs मिसाइल हमला शुरू कs देले बा। भारत अपना जवाबी कार्रवाई में लाहौर में स्थित पाकिस्तान के AWACS (Airborne Warning and Control System) के तबाह कs देले बा। एकरा अलावे भारत पाकिस्तान के फैसलाबाद, सरगोधा, मुल्तान अवुरी सियालकोट शहर में भी रक्षा प्रणाली के तबाह कs देले बा। भारत पाकिस्तान पs हमला शुरू कs देले बा। लाहौर, सियालकोट, फैसालाबाद में पाकिस्तानी रक्षा प्रणाली तबाह, अवाक्स नष्ट हो गइल। 3 लड़ाकू विमान गिरावल गइल।

पाकिस्तान के ओर से भईल सभ ​​मिसाइल हमला नाकाम

एकरा से पहिले पाकिस्तान के खिलाफ जवाबी कार्रवाई में भारत कुल 3 लड़ाकू विमान के गिरा देलस। भारत के गिरावल पाकिस्तानी लड़ाकू विमानन में दू गो जेएफ-17 आ एगो एफ-16 शामिल बा. बियफ़ें के जसही अन्हार भईल पाकिस्तान सीमा के नजदीक भारत के अलग-अलग शहर पs 100 से जादे मिसाइल चला देलस। पाकिस्तान 70 से अधिका मिसाइल हमला खाली राजस्थान के जैसलमेर में कइलस. हालांकि भारत के एयर डिफेंस सिस्टम पाकिस्तान के सभ मिसाइल के हवा के बीच गिरा देलस। बता दीं कि पाकिस्तान के हर नापाक मंशा के जवाब देबे खातिर भारत के सगरी रक्षा प्रणाली एह घरी पूरा तरह से सक्रिय बा आ पाकिस्तान के हर हरकत पर पूरा नजर राखत बा.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]