[the_ad_group id="30365"]

सीएम के बेटी के. कविता के ईडी जारी कइलस समन, दिल्ली शराब घोटाला से जुड़ल बा इ मामिला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

 

 

एकरा से पहिले 11 मार्च के ईडी कविता से 9 घंटा ले पूछताछ कईले रहे। खबर के मुताबिक ए दौरान हैदराबाद के व्यापारी अरुण रामचंद्र पिल्लई से भी उनुका बयान के लेके पूछताछ भईल। बता दीं कि शराब घोटाला के मामला में पिल्लई के पहिलही गिरफ्तारी हो चुकल बा। उनुका के ‘साउथ ग्रुप’ के फ्रंटमैन कहल जाला। मानल जाला कि ऊ कविता के करीबी हउवें। उनुकर बयान मनी लांड्रिंग रोकथाम एक्ट (पीएमएलए) के तहत दर्ज भईल। बता दीं कि मनीष सिसोदिया फिलहाल ए मामिला में जेल में बंद बाड़े। एकरा से पहिले 20 मार्च के ईडी कविता के समन जारी कईले रहे, जवना के दौरान कविता सुप्रीम कोर्ट में लंबित याचिका के हवाला देले रहली अवुरी एजेंसी के सोझा पेश ना भईल रहली।

शराब घोटाला के जांच जारी

ध्यान देवे वाला बात बा कि दिल्ली सरकार के उपमुख्यमंत्री रहल मनीष सिसोदिया ए मामला में बहुत दिन से जेल में बंद बाड़े। एह मामिला के जाँच में दू गो एजेंसी लागल बाड़ी सँ। दुनो एजेंसी शराब घोटाला के मामिला में मनीष सिसोदिया के बड़ आरोपी मानता। बता दीं कि सीबीआई अवुरी प्रवर्तन निदेशालय दुनो दिल्ली शराब घोटाला के मामिला के जांच करतिया। जहां सीबीआई शराब नीति में गड़बड़ी अवुरी भ्रष्टाचार के जांच करतिया। एकरा संगे ईडी मनी लॉन्ड्रिंग के कोण से जांच करतिया। बता दीं कि अबहीं ले एह मामिला में बहुते लोग से पूछताछ भइल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]