[the_ad_group id="30365"]

108MP कैमरा आ 5000mAh बैटरी वाला OnePlus के एह फोन पs मिल रहल बा हजारन के छूट, इहां जानीं कीमत आ फीचर्स

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जदि रउआ नया फोन किनल चाहत बानी आ एगो सही मवका के तलाश में बानी तs ई समय रउआ खातिर बहुत सही बा। अमेजन अपना मेगा सेल में कइयन गो स्मार्टफोन पs भारी डिस्काउंट दे रहल बा जेमे OnePlus सामिल बा। अइसन में जदि रउआ कवनो अइसन फोन खोज रहल बानी जवना के कीमत 20000 रुपिया से कम होखे तs Oneplus Nord CE 3 lite 5G रउआ खातिर बेस्ट ऑप्शन बा।

त्यौहारी सीजन सुरू हो गइल बा माने कि अब लगभग सब ई-कॉमर्स साइट अपना सीजनल सेल के सुरुआत करे जा रहल बा। अमेजन आ फ्लिपकार्ट एह लिस्ट में सामिल बा। बता दीं कि अमेजन अपना ग्रेट इंडियन फेस्टिवल सेल के 8 अक्टूबर से सुरू कs रहल बा आ फ्लिपकार्ट के मेगा सेल एही दिन से सुरू हो रहल बा।

एह सेल के दौरान कंपनी बहुत सारा फेमस ब्रांड्स के इलेक्ट्रॉनिक पs बंपर डिस्काउंट देली सs। जदि रउआ बजट स्मार्टफोन किनल चाहत बानी तs ई सेल सही ऑप्शन बा। बता दीं कि अमेजन के मेगा सेल में Oneplus Nord CE3 Lite पs भारी छूट मिल रहल बा, जवन 20000 रुपिया से कम कीमत में मिल रहल बा। आईं एकरा बारे में जानल जाव।

Amazon के मेगा सेल

Amazon ग्रेट इंडियन फेस्टिवल 2023 सेल प्राइम मेंबर्स खातिर 7 अक्टूबर से सुरू होई। जदि रउआ प्राइम मेंबर बानी तs रउआ एक दिन पहिलही एह सेल के लाभ उठा सकत बानी।

एकरा अलावे कंपनी SBI क्रेडिट कार्ड यूजर्स के एह फोन के खरीदारी पs 10 प्रतिशत तक के तत्काल छूट दे रहल बिया। एकरा अलावे रउआ अमेजन पे-बेस्ड ऑफर आ कूपन डिस्काउंट के लाभो पा सकत बानी।

Oneplus Nord CE 3 Lite 5G के कीमत

जदि रउआ एह डिवाइस के किनल चाहत बानी तs ई सही मवका बा काहेकि एह सेल के दौरान एह डिवाइस पs 2500 रुपिया के छूट मिले के बात कहल गइल बा। बता दीं कि एह डिवाइस के 8GB+128GB मॉडल के कीमत 19999 रुपिया तय कइल गइल बा, जवना के रउआ डिस्काउंट के बाद 17,499 रुपिया में किन सकत बानी। एतने ना जदि रउआ लगे Oneplus के फोन बा तs रउआ एक्सचेंज कs के 500 रुपिया के एक्स्ट्रा डिस्काउंट पा सकत बानी।

Oneplus Nord CE 3 Lite 5G के स्पेसिफिकेशंस

  • फीचर्स के बात करीं तs एह डिवाइस में 6.72-इंच LCD डिस्प्ले मिलेला, जेमें 120Hz रिफ्रेश रेट 120 दिहल गइल बा।
  • प्रोसेसर के बात करीं तs एह डिवाइस में स्नैपड्रैगन 695 प्रोसेसर मिलेला, जवना से 8GB रैम आ 256GB तक स्टोरेज के संगे जोड़ल गइल बा।
  • कैमरा के बात करीं तs एमे रउआ ट्रिपल कैमरा सेटअप मिलत बा, जेमें 108-मेगापिक्सल के मेन सेंसर बा।
  • एह डिवाइस में 5,000mAh के बैटरी दिहल गइल बा, जवना से 67W SuperVOOC फास्ट चार्जिंग सपोर्ट मिलेला।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]