[the_ad_group id="30365"]

Google Pixel 8 आ Pixel 8 Pro आजु होंइ लॉन्च, इहां देख सकेनी लाइव स्ट्रीमिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

Google Pixel 8 Series Launch Event : आखिरकार उ समय आ गईल बा जवना के गूगल के फैंस बेसब्री से इंतजार करत रहले। गूगल आज आपन सबसे प्रतीक्षित सीरीज गूगल पिक्सल 8 लॉन्च करे वाला बा। प्रशंसक बहुत दिन से पिक्सल 8 सीरीज के इंतजार करत रहले, लेकिन एप्पल आईफोन 15 के अईला के बाद पिक्सल सीरीज के लेके उत्साह बहुत बढ़ गईल रहे। प्रशंसकन के उम्मीद बा कि अबकी बेर गूगल अपना पिक्सल सीरीज में अयीसन कुछ फीचर दे सकता जवना से आईफोन 15 सीरीज के कड़ा मुकाबला होई। गूगल आज आपन मेड बाय गूगल इवेंट में पिक्सल 8 सीरीज के लॉन्च करी।

बता दीं कि गूगल केमेड बाय गूगल इवेंट भारतीय समय साँझ साढ़े सात बजे से शुरू होखी। पिक्सल 8 सीरीज में दुगो स्मार्टफोन लॉन्च होई, जवना में गूगल पिक्सल 8 अवरू गूगल पिक्सल 8 प्रो शामिल होई। इहे ना, कंपनी ए दुनो फ्लैगशिप स्मार्टफोन के संगे दुगो वियरेबल्स भी लॉन्च करी। गूगल के आवे वाला वियरेबल्स में पिक्सल वॉच 2 अवरू नेक्स्ट जनरेशन के पिक्सल बड्स प्रो भी लॉन्च होई।

लाइव स्ट्रीमिंग कहाँ-कहाँ होई?

अगर रउरा गूगल के एह मेगा इवेंट के लाइव स्ट्रीमिंग करे के बा त बता दीं कि रउरा एकरा के कंपनी के आधिकारिक वेबसाइट यूट्यूब चैनल, गूगल के सोशल मीडिया प्लेटफार्म पs लाइव देख सकीलें।

गूगल पिक्सल 8 सीरीज के दुनो स्मार्टफोन में ग्राहक के दमदार फीचर मिले वाला बा। पिक्सल 8 के डिस्प्ले में 60Hz के रिफ्रेश रेट होई, जबकि पिक्सल 8 प्रो के डिस्प्ले में 120Hz के रिफ्रेश रेट होई। यूजर के पिक्सल 8 प्रो में 6.7 इंच के ओएलईडी डिस्प्ले मिले वाला बा। दुनो मॉडल के गूगल टेंसर जी3 के संगे लॉन्च कईल जाई। दुनो मॉडल में 8जीबी रैम दिहल जाई। पिक्सल 8 में 256GB तक के स्टोरेज होई जबकि प्रो मॉडल में 1TB तक के स्टोरेज होई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]