[the_ad_group id="30365"]

सोनपुर के पहलेजा ओपी अंतर्गत कसमर पंचायत के पहलेजा गंगा घाट के लगे नदी में डूबके 12 बरिस के जुवा के मौत, शव मिलते मचल कोहराम, सदर अस्पताल में करावल गइल शव के पोस्टमार्टम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा (सोनपुर): घटना के संबंध में बतावल जा रहल बा कि 12 बरिस के मोनू नहात घरी गहिराह पानी में चल गइल आ जसहीं डुबकी मरलस तs डूबले रह गइल। जब तक स्थानीय लोग ओकरा के बचा पाइत तब ले बहुते देर हो गइल आ किशोर मोनू के मौत हो गइल। ओकरा के आनन फानन में परिजन द्वारा स्वास्थ केंद्र सोनपुर ले जाइल गइल जहां चिकित्सक लो ओकरा के मृत घोषित कs दिहल लो।

मृत किशोर के पहचान सोनपुर प्रखंड के पहलेजा ओपी थाना अंतर्गत कसमर पंचायत के कसमर बाजार के रहनिहार मुरारी साह के 12 बरिस के लईका मोनु कुमार के रूप में भइल जवन आठवां क्लास के छात्र रहे।  मृतक 2 भाई आ 1 बहिन में सबसे बड़ रहे। ओहिजाघटना के बाद घर के सभे लोग के रो रोके बुरा हाल बा।

मृतक के चाचा बतवले कि आज अतवार के छुट्टी के दिन होखला के कारण मोनू अपना गांव के दोस्तन संगे नहाये गइल रहे तबे अचके गहिराह पानी में चल गइल आ ओकर मौत हो गइल।

पहलेजा ओपी पुलिस द्वारा शव के कब्जा में लेके सदर अस्पताल में पोस्टमार्टम करावल गइल आ पार्थिव शरीर के ओकरा परिजन के सउप दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]