[the_ad_group id="30365"]

सीवान में सड़क हादसा में डॉक्टर के मौत: बेटा के बियाह के कार्ड बांट के लवटत रहस, तेज रफ्तार पिक अप के चपेट में अइले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नौतन थाना क्षेत्र के नौतन पुल के लगे अपना बेटा के बियाह के कार्ड बांट के लवट रहल डॉक्टर पिता के सड़क दुर्घटना में मौत हो गइल। मृतक के पहचान सीवान शहर के निराला नगर के रहनिहार डॉ. डीके चौहान के रूप में भइल। एह घटना के बाद पुलिस मृतक डॉक्टर के शव के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर सीवान सदर अस्पताल भेज देलस। सीवान के निराला नगर निवासी डॉ. डी के चौरसिया नौतन बाजार पs भाड़ा के मकान में आंख के इलाज करत रहस। उनका मौत के बाद पूरा परिवार के लोगन में कोहराम मच गइल बा। घटना अतवार के रात 9:00 बजे के आसपास के बा।

कार्ड बांट के लवटला के दौरान अज्ञात वाहन रौदलस

डॉ. डी के चौरसिया के बेटा के बियाह के अगिला महीना होखे आला बा। एकरा तइयारी में डॉक्टर पूरा शिद्दत से लागल रहस। ऊ अपना बेटा के बियाह के कार्ड बांट के लवटत रहले। एही बीच  नौतन पुल के लगे अज्ञात पिकअप पाछे से जोरदार टक्कर मार के मवका से फरार हो गइल। जहां घटना के जगहे पs डॉक्टर के मौत हो गइल। घटनास्थल पs लोगन के भारी तादाद में भीड़ जमा हो गइल। लोग एकर जानकारी स्थानीय नौतन थाना के पुलिस को देलस। एने, घटना के बाद नौतन थाना के पुलिस  मृतक डॉक्टर के शव के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर सीवान सदर अस्पताल भेज देलस।

परिवार में बियाह के खुशी मातम में बदलल

अगिला महीना बेटा के बियाह कs रहल डॉक्टर के परिजन के ई कहां पता रहे कि शादी से पहिलही उनका बाबूजी के साया बेटा के माथा से उठ जाई। बता दी कि अगिला महीना में होखे आला बियाह के पूरा शिद्दत के संगे तइयारी चलत रहे। संगही संबंधियन के इहां कार्ड वितरण के काम चलत रहे। एतने में डॉक्टर पिता के मृत्यु के सूचना सभे के झकझोर के राख देलस। बियाह के खुशी मातम में बदल गइल।

साभार: दैनिक भाष्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]