[the_ad_group id="30365"]

त्रेतायुग में हनुमान जी जरवले लंका, अब कलियुग में एके ‘बानर’ कs दिहलस श्रीलंका में अन्हार

बानर कs दिहलस श्रीलंका में अन्हार
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अबहीं ले रउरा अइसन कई गो खबर सुनले होखब कि बानर कुल तबाही मचवले बा, जवन रउरा के जरूर झकझोर दिहले होखी. पौराणिक मान्यता के अनुसार त्रेतायुग में हनुमान जी रावण के सोना के लंका में आग लगा देले रहले। एही तरह के घटना श्रीलंका में भी भईल, जहां बानर के चलते पूरा देश में बिजली के कटौती हो गईल। श्रीलंका में एगो बंदर बिजली के ग्रिड में घुस के अतना तबाही मचा दिहलस कि पूरा देश के बिजली के आपूर्ति बाधित हो गईल।

बंदर के चलते तीन घंटा ले बिजली कटौती

श्रीलंका के ऊर्जा मंत्री कुमार जयकोडी कहले कि अतवार (9 फरवरी 2025) के दक्षिण कोलंबो में एगो बंदर ग्रिड ट्रांसफार्मर के संपर्क में आईल, जवना के चलते सिस्टम में असंतुलन पैदा हो गईल। समाचार एजेंसी एएफपी के रिपोर्ट के मुताबिक उs कहले कि एकरा चलते पूरा देश में तीन घंटा ले बिजली बाधित रहे। सबेरे 11:30 बजे ले देश के कई हिस्सा में बिजली के आपूर्ति बहाल हो गईल।

इहो पढ़ीं : अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ साया के जइसन ताउमिर साथे रहलें दिलीप कुमार आ सायरा बानो.. अइसन रहे लव स्टोरी

तीन घंटा बाद ही कुछ इलाका में बिजली बहाल भइल

श्रीलंका के ऊर्जा मंत्री कहले कि ग्रिड में खाली एके बंदर घुसल बा अवुरी इंजीनियर देश के बाकी हिस्सा में जल्दी से जल्दी बिजली के आपूर्ति करे में लागल बाड़े। श्रीलंका में बिजली के कटौती पहिला बेर नइखे भइल. साल 2022 में जब देश आर्थिक संकट से गुजरत रहे तs श्रीलंका के जनता के महीना भर बिजली कटौती के सामना करे के पड़ल, जवना के चलते देश के कई हिस्सा में प्रदर्शन भईल। 

साल 2022 में श्रीलंका के लोग के 10-10 घंटा ले बिजली कटौती के सामना करे के पड़ल, जवना के असर ओहिजा के बाजार पs बहुत खराब पड़ल। ओह घरी देश में बिजली कटौती के 13 घंटा ले बढ़ा दिहल गइल. ओह घरी श्रीलंका भोजन आ ईंधन समेत कई गो जरूरी सामान के आयात करे में संघर्ष करत रहे।

इहो पढ़ीं: Lifestyle: नींबू से दांत कइसे साफ करीं? सफेद आ चमकदार दांत खातीर अपनाई इs असरदार तरीका

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]