अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ साया के जइसन ताउमिर साथे रहलें दिलीप कुमार आ सायरा बानो.. अइसन रहे लव स्टोरी

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 20, 2024

  खबर भोजपुरी रउरा लोग के सोझा एगो नया सेगमेंट लेके आइल बा , जवना में रउरा के पढ़े के मिली फिलिम इंडस्ट्री से जुड़ल रोचक कहानी आ खिसा जवन बितsल जमाना के रही. आजू

Share

दिलीप कुमार आ सायरा बानो

 

खबर भोजपुरी रउरा लोग के सोझा एगो नया सेगमेंट लेके आइल बा , जवना में रउरा के पढ़े के मिली फिलिम इंडस्ट्री से जुड़ल रोचक कहानी आ खिसा जवन बितsल जमाना के रही.

आजू पढ़ी 22 साल छोट मेहरारू सायरा बानो के साथे कइसन रहे दिलीप कुमार के रिस्ता…..

दिलीप साहब अपना प्रोफेशनल लाइफ आ फिलिमन के चलते ना खाली एगो अलग पहचान बनवले रहले, एकरा अलावे उनुकर निजी जिनिगी भी सुर्खियन में रहे. मुधाबाला से प्यार आ सयरा बानो से बियाह भइल, दिलीप साहब के असली जिनिगी परदा पs चलत सिनेमा से कम ना रहे.  आईं हमनी के दिलीप कुमार आ सायरा बानो के प्रेम कहानी के बारे में जानीं जा…

12 साल के उमिर में दिलीप कुमार से हो गइल रहे प्यार

1944 में जनमल सायरा भारत-पाकिस्तान बंटवारा के बाद लंदन में बस गइली। सायरा के पढ़ाई लंदन में भइल. सायरा जब छुट्टी मनावे भारत आवत रहली तs घंटन स्टूडियो में बइठ के दिलीप कुमार के फिलिमन के शूटिंग देखत रहली. सायरा बानो एगो साक्षात्कार में कबूल कईले बाड़ी कि जब से उs 12 साल के रहली तब से उs दुआ करत रहली कि दिलीप कुमार से बियाह हो जाए।

सायरा बानो के पहिला मोहब्बत नाहीं रहले दिलीप कुमार

एगो साक्षात्कार में सायरा बतवले रहली कि दिलीप कुमार जब पहिला बेर उनुका के देख के मुस्कुरइले तs दिल से सोचले रहली कि एक दिन उs अभिनेता के पत्नी बन जइहें. एकरा बाद सायरा बानो फिलिम के ओर मुड़ली अवुरी एगो सफल अभिनेत्री के रूप में उभरली अवुरी बहुत दिग्गज कलाकार के संगे काम कईली। एही दौरान सायरा बानो के बॉलीवुड अभिनेता राजेंद्र कुमार से प्यार हो गईल। हालांकि राजेन्द्र कुमार के बियाह हो चुकल रहे अवुरी उनुकर संतान रहे। सायरा बानो के माई के जब एह बात के पता चलल तs उनका बहुत बुरा लागल। बेटी के बहुत समझवली। एकरा बाद दिलीप कुमार भी खुद सायरा बानो के समझवले अवुरी फेर सायरा बानो उनुका से बियाह करे खातीर तैयार हो गईली जवना के दिलीप कुमार जी मान लिहले।

आधा उमिर के सायरा बानो से बियाह

दिलीप कुमार जब सायरा बानो से बियाह कईले तs उनुकर उमिर 44 साल अवुरी सायरा बानो 22 साल के रहली। दुनों के बियाह 1996 में भईल रहे। तब से जब ले दिलीप कुमार जिंदा रहले तब ले सायरा बानो के साथ नाही छोड़ले. हालांकि वैवाहिक जीवन के बीच दिलीप कुमार के एगो पाकिस्तानी लईकी असमा से प्यार हो गईल रहे, कहल जाता कि दुनो लोग 2 साल ले एक दूसरा से प्यार करत रहले बाकिर दिलीप के आपन गलती के अहसास हो गईल अवुरी असमा से रिश्ता के खतम कs के फेर सायरा बानो के लगे आ गइले.

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.