Lifestyle: नींबू से दांत कइसे साफ करीं? सफेद आ चमकदार दांत खातीर अपनाई इs असरदार तरीका

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 6, 2025

Lifestyle: जब रोज दांत के ठीक से साफ ना कईल जाला तs धीरे-धीरे दांत पs गंदगी जमा हो जाला अवुरी दांत पीला होखे लागेला। दाँत पs जमा पीला परत अक्सर लोग खातीर शर्मिंदगी के कारण

Share

नींबू से दांत साफ करे के तरीका

Lifestyle: जब रोज दांत के ठीक से साफ ना कईल जाला तs धीरे-धीरे दांत पs गंदगी जमा हो जाला अवुरी दांत पीला होखे लागेला। दाँत पs जमा पीला परत अक्सर लोग खातीर शर्मिंदगी के कारण बन जाला। अगर आप भी आपन दांत के सफेद अवुरी चमकदार बनावल चाहतानी, तs नींबू के इस्तेमाल जरूर करे के चाही। जानीं कि कइसे…

रउरा नींबू के रस अवुरी अदरक के इस्तेमाल कs सकतानी

नींबू के रस अवुरी अदरक में पावल जाए वाला सभ तत्व दांत के सफेद करे में कारगर साबित हो सकता। एगो छोट कटोरी में नींबू के रस निकाल लीं। अब ओही कटोरी में अदरक के रस निकाल के ओकरा बाद इs दुनो चीज़ के बढ़िया से मिला लीं। एकरा बाद एs मिश्रण के अपना दांत पs लगाई अवुरी ओकरा बाद कुछ समय बाद दांत के ब्रश करीं। दांत पs जमा गंदगी अवुरी पीला परत से छुटकारा पावे खातीर आप नींबू अवुरी अदरक के एक संगे इस्तेमाल कs सकतानी।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

नींबू के रस अवुरी सोडा कारगर साबित होई

अगर आप दांत साफ कs के ओकरा के सफेद अवुरी चमकदार बनावे के बा तs नींबू के रस अवुरी सोडा के इस्तेमाल करे के चाही। नींबू के रस में सोडा मिला के दांत पs लगाई। अब दाँत के धीरे से रगड़ला के बाद साफ करीं। बस कुछ दिन खातिर एs ट्रिक के पालन करीं तs आपके सकारात्मक प्रभाव अपने आप देखाई देवे लागी।

नींबू के छिलका अवुरी रस के इस्तेमाल


दांत साफ करे खातिर नींबू के छिलका अवुरी रस के इस्तेमाल भी कs सकतानी। सबसे पहिले एगो छोट कटोरी में नींबू के रस निकाल लीं। अब नींबू के छिलका पs नींबू के रस डाल के ओकरा बाद ओकरा के बढ़िया से दांत पs रगड़ लीं। नींबू के छिलका अवुरी रस मिल के आपके दांत पs जमा गंदगी के दूर करे में कारगर साबित हो सकता।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: बात कुछ पुरनका दौर के! पढ़ी युसूफ़ ख़ान के दिलीप कुमार बनले के पूरा सफर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.