[the_ad_group id="30365"]

हिंदी दिवस के अवसर पs निबंध आ भाषण प्रतियोगिता के भइल आयोजन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज(देवरिया)/ अखिलेश कुमार सिंह: मेरी माटी मेरा देश के तहत बरहज क्षेत्र के सतरांव में इस्थित श्री अनन्त इंटरमीडिएट कॉलेज में नेहरु युवा केंद्र देवरिया के तत्वाधान में हिंदी दिवस के अवसर पs हिंदी निबंध प्रतियोगिता आ हिंदी भाषण प्रतियोगिता के अयोजन कइल गइल। एह कार्यक्रम के मुख्य अथिति विरंजन यादव आ विशिष्ठ अतिथि नायब तहसीलदार रविन्द्र मौर्य रहलें। कार्यक्रम के संचालन सरोज कुमार कइलें।

कार्यक्रम के मुख्य आयोजक नेहरु युवा के वॉलिंटियर राहुल मल्ल आ यूथ अध्यक्ष शिवम पांडे रहलें। एह प्रतियोगिता के पहिला चरण निबंध के रहल, जवना के विषय ‘दहेज प्रथा समाज में मध्यम या गरीब परिवार के लिए संकट’ रहे जेमे 200 छात्र छात्रा भाग लिहल लो आ दूसरा चरण भाषण प्रतियोगिता के रहे, जेमे 30 विद्यार्थी भाग लिहल लो। जवना के विषय ‘समय की मांग महिला सशक्तिकरण’ रहा ।

निबंध प्रतियोगिता के विजेता पहिला, दुसरा आ तीसरा मुरलिका तिवारी, प्रीती कुशवाहा, अंकिता तिवारी रहल लो। भाषण प्रतियोगिता के किट्टू सिंह, प्रियांसी तिवारी विजेता रहल लो। निर्णायक डॉक्टर जितेंद्र अग्रहरि, धर्मेन्द्र उपाध्याय, सतीश चन्द्र, सरोज कुमार, उप प्रधानाचार्य विजय शंकर रजक रहे लो।

मुख्य अतिथि विरंजन यादव कहलें कि प्रतियोगी विद्यार्थियन के उत्साह के देखके आज लाग रहल बा कि हिंदी हिंदी प्रेम के भाषा हs, इहे एकर परिभाषा हs।

एह कार्यक्रम के उप प्रधानाचार्य उमेश यादव, सूर्यप्रकाश मिश्रा, सन्तोष यादव, सनी यादव, उज्जवल श्रीवास्तव, अखिलेश सिंह, अनुज यादव, प्रभात कुमार यादव, जितेंद्र कुमार सम्बोधित कइल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]