[the_ad_group id="30365"]

UP News: देवर‍िया में सीडीओ के तबादला पs बिलख- बिलख के रोअली छात्रा, अधि‍कार‍ी भइले भावुक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मंगलवार के आदर्श प्राथमिक विद्यालय रुच्चापार बैतालपुर के छात्रा सीडीओ रविंद्र कुमार के तबादला के बाद गले मिल के बिलख- बिलख रोवली। सीडीओ भी एह मौका पs भावुक हो गईले। ऊ लइकन के चुप करइले आ गार्जियन के रूप में ओह लोग के उज्जवल भविष्य खातिर आशीर्वाद दिहलन।

स्कूल के ओर से सम्मानित कइल गइल।

सीडीओ प्राथमिक विद्यालय रुच्चापार के गोद लेले रहले। उनुका प्रयास के चलते स्कूल के रूपांतरण हो गईल। स्मार्ट क्लास अवुरी बाकी संसाधन के इंतजाम कईल गईल। शिक्षा व्यवस्था में सुधार भइल। जवना के नतीजा इ भईल कि ए स्कूल के हेडमास्टर नित्यानंद चौबे के राज्य सरकार के ओर से राज्य शिक्षक पुरस्कार से सम्मानित कईल गईल।

सीडीओ रवींद्र कुमार के भइल स्‍थानांतरण 

सीडीओ रविन्द्र कुमार के मुख्य सचिव के स्टाफ ऑफिसर के पद पs तबादला कs दिहल गइल बा। उनुका जगहा संयुक्त मजिस्ट्रेट बरेली प्रत्युष पाण्डेय के सीडीओ देवरिया बनावल गइल बा। स्थानांतरण के चलते मंगलवार के जब सीडीओ आदर्श प्राथमिक विद्यालय रुच्चापार पहुंचले त शिक्षक अवुरी छात्र अभिभूत हो गईले, स्कूल परिसर में कतार में खड़ा छात्र फूल के बौछार क के उनुका के अभिवादन कईले।

सीडीओ के गले लगा के छात्रा रोवे लागल

एही बीच अचानक एगो छात्रा भावुक हो गईल। सीडीओ के गले लगा के बिलख- बिलख रोवे लगली। इ देख के बाकी छात्रा भी रोवे लगली। सीडीओ लइकन के चुप करइले। उ हमेशा गार्जियन के रूप में देखभाल करे के भरोसा देले। हेडमास्टर आ अउरी गुरु लोग उनका के माला पहिरा के आ अंगवस्त्र देके सम्मानित कईले। एह मउका पs बीएसए शालिनी श्रीवास्तव, जिला कार्यक्रम अधिकारी कृष्णकांत राय, प्राचार्य नित्यानंद चौबे समेत बहुत लोग मौजूद रहे।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]