Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर विश्वविद्यालय: अधूरा परीक्षा परिणाम के बीच होई डीडीयू दीक्षांत समारोह, अभी तक ना निकल सकल रिजल्ट

विश्वविद्यालय से जुड़ल जिम्मेदारन के मानल जाव तs राजभवन से दीक्षांत के तिथि अइला के बाद आनन-फानन में तइयारी कइल जा रहल बा। अइसन में जवना विषयन के परीक्षा परिणाम घोषित हो गइल बा, ओकरा टॉपर्स के दीक्षांत में गोल्ड मेडल खातिर चिह्नित कइल गइल बा। 

1,021

गोरखपुर: दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के 42वां दीक्षांत समारोह आधा-अधूरा परीक्षा परिणाम के बीच आयोजित होखे जा रहल बा। शैक्षणिक सत्र 2022-23 के परास्नातक के कवनो पाठ्यक्रम के परीक्षा परिणाम घोषित ना होखला से ओह विषयन के टॉपर्स के दउड़ में सामिल विद्यार्थी दीक्षांत में गोल्ड मेडल ना मिल पवला से मायूस बा लो। ओह लोगन के कहनाम बा कि जदि समय से परीक्षा परिणाम निकल गइल रहित तs ओहू लोगन के दीक्षांत समारोह में कुलाधिपति के हाथन मेडल पावे के अवसर मिल सकत रहे।

कवनो विश्वविद्यालय के दीक्षांत समारोह उहां के छात्र-छात्रा लोगन खातिर विशेष महत्व रखेला। बाकिर, गोरखपुर विश्वविद्यालय में अइसन नइखे लउकत। शैक्षणिक सत्र 2022-23 के अधिकतर पाठ्यक्रमन के परीक्षा परिणाम अभी घोषित नइखे हो पाइल। जबकि नया सत्र में अलग-अलग पाठ्यक्रमन में प्रवेश के प्रक्रिया अभी चल रहल बा।

शैक्षणिक सत्र 2022 के दीक्षांत समारोह अभी ढाई महीना पहिले 28 जून के आयोजित कइल रहे। एमे 46 टॉपर्स के गोल्ड मेडल प्रदान कइल गइल। अबकी बेर मात्र 10 टॉपर्स के संगे दीक्षांत समारोह के आयोजन कइल जा रहल बा। आउर विषयन के परीक्षा परिणाम ना निकल पइला के चलते ओह विषयन के टॉपर्स तय नइखे हो सकल लो।

परास्नातक के कवनो पाठ्यक्रम आ स्नातक के एगो पाठ्यक्रम बीसीए के अभी परीक्षा परिणाम नइखे निकल सकल। एसे ओह विषयन में टॉपर्स के दउड़ में सामिल छात्र-छात्रा मायूस बा लो।

दीक्षांत में स्नातक के एह विषयन के तय भइल बा टॉपर्स

गोरखपुर विश्वविद्यालय के स्नातक में संचालित 11 पाठ्यक्रमन में से अभी एक पाठ्यक्रम बीसीए के परीक्षा परिणाम घोषित नइखे हो पाइल। बीए, बीएससी, बीए/बीएससी (गणित), बीएससी गृहविज्ञान, बीएससी कृषि, बीकॉम, एलएलबी, बीए एलएलबी विषय के टॉपर्स के चयन कइल गइल बा। एमे बीए में तीन टॉपर्स के चयन कइल गइल बा।

अगिला दीक्षांत समारोह में सामिल होई लो वंचित टॉपर्स

विश्वविद्यालय से जुड़ल जिम्मेदारन के मानल जाव तs राजभवन से दीक्षांत के तिथि अइला के बाद आनन-फानन में तइयारी कइल जा रहल बा। अइसन में जवना विषयन के परीक्षा परिणाम घोषित हो गइल बा, ओकरा टॉपर्स के दीक्षांत में गोल्ड मेडल खातिर चिह्नित कइल गइल बा। जवना विषयन के परीक्षा परिणाम बाद में घोषित होई, ओकरा टॉपर्स के अगिला दीक्षांत समारोह में मेडल खातिर सामिल कइल जाई।

642230cookie-checkगोरखपुर विश्वविद्यालय: अधूरा परीक्षा परिणाम के बीच होई डीडीयू दीक्षांत समारोह, अभी तक ना निकल सकल रिजल्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.