[the_ad_group id="30365"]

मल्लिकार्जुन खरगे के अध्यक्ष बनले पर मायावती बोलली- कांग्रेस बाउर बेरा में दलित के बलि के बकरा बनावेले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बसपा सुप्रीमो मायावती वरिष्ठ नेता मल्लिकार्जुन खरगे के पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष बनवला पर कहली कि कांग्रेस अपने बाउर समय में ही दलितन के आगे करेले अउर उनके बलि के बकरा बनावेली। ई उनकर छलावा ह।
ऊ ट्वीट कs के कहली कि कांग्रेस के इतिहास गवाह ह, कि इनके दलितन अउर उपेक्षितन के मसीहा परमपूज्य बाबा साहेब डॉ. भीमराव अंबेडकर अउर इनके समाज के हमेशा उपेक्षा अउर तिरस्कार कइलस। एह पार्टी के अपने अच्छे दिन में दलितन के सुरक्षा अउर सम्मान के याद नाइ आवsला, बलुक बाउर दिन में इनके बलि के बकरा बनावेले।
ऊ कहली कि कांग्रेस पार्टी के अपने अच्छे दिन के लमहर समय में अधिकांशतः गैर-दलितन अउर वर्तमान के तरह सत्ता से बाहर बाउर दिन में दलितन के आगे रखले के याद आवsला। का ई छलावा अउर छद्म राजनीति नाइ ह? लोग पूछsला कि का इहे ह कांग्रेस के दलितन के प्रति वास्तविक प्रेम?
https://twitter.com/Mayawati/status/1582956489190559744?t=Uz-kf7y15S3pmA5n93MGSw&s=19
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]