[the_ad_group id="30365"]

देवरिया में बोललें भाजपा प्रदेश अध्यक्ष: सिंबल पर निकाय चुनाव, मैनपुरी के उपचुनाव में जीत हासिल करी भाजपा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भाजपा प्रदेश अध्यक्ष भूपेंद्र चौधरी कहलें कि भाजपा निकाय चुनाव पार्टी सिंबल पर लड़ी। महापौर के सब सीट पर एह बेर भाजपा चुनाव जीती। सथही पांच विधान परिषद के सीट पर भाजपा जीत हासिल करी। एकरे खातिर पूरा तैयारी कs लिहल गइल बा। मैनपुरी लोकसभा सीट पर होखे वाले उपचुनाव में भाजपा पूरा दमदारी के साथ चुनाव लड़ी। एह बेर जीत भी मिली।

भाजपा प्रदेश अध्यक्ष बियफ़े के पीडब्ल्यूडी डाक बंगला पर पत्रकारन से बातचीत में कहलें कि निकाय चुनाव में प्रत्याशियन के चयन सर्वसम्मति से कइल जाई। पिछला बेर अलीगढ़ अउर मेरठ के छोड़ के सब नगर निगम के महापौर के सीट पर भाजपा के कब्जा रहल।

ऊ कहलें कि कांग्रेस भलही दूसरे के राष्ट्रीय अध्यक्ष बनवले बा लेकिन परिवार के छाया से ऊ अलग नाइ हो सकsता। कांग्रेस परिवारवादी पार्टी ह। एही तरह सपा भी 1992 से 2022 तक परिवार के ही पार्टी बन के रहि गइल बा।

ऊ कहलें कि नीतिश कुमार छवि पलटूराम के तरह के बा। ओमप्रकाश राजभर अगर पार्टी के विचारधारा से सहमत हो के भाजपा में आवेने त कौनो परहेज नाइ बा, काहेसेकि भाजपा आन लाइन सदस्य बनावेले। केहू भी व्यक्ति पार्टी के सदस्य बन सकsता। कहलें कि जनसंख्या बढ़ोत्तरी आजु चुनौती बनल बा। एके ले के भाजपा गंभीर बा। पीएफआई सहित कौनो संगठन अगर राष्ट्र खातिर खतरा उत्पन्न करsता त उनके खिलाफ सख्त कार्रवाई कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]