[the_ad_group id="30365"]

PK के दावा- NDA में फेर शामिल होइहें नीतीश: बोलले- मुख्यमंत्री लगातार भाजपा के संपर्क में बाड़े, कबो वापसी कर सकत बाड़े

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चुनावी रणनीतिकार रहल प्रशांत किशोर बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प बड़ दावा कइले । ऊ कहलें, ‘नीतीश भाजपा के संपर्क में बाड़े।  ऊ कभियो भाजपा के साथ जा सकत बाड़े। ऊ अभी दरवाजा बंद नइखन कइलें।” एसे पहिले भाजपा के संगे गठबंधन खतम कइला के बाद नीतीश कहले रहस कि ऊ अब भाजपा के साथे कबो ना जइहें।

जनसुराज पदयात्रा के दौरान पश्चिम चंपारण के भेड़ीहरवा पंचायत में बुध के कहले कि सीएम भले ए घरी RJD के संगे बाड़े, बाकिर ऊ कबो BJP के संगे जा सकत बाड़े आ ऊ लगातार BJP के संपर्क में बाड़े। PK ओह कड़ियन के बतवले जवना के माध्यम से नीतीश भाजपा के साथे जा सकत बाड़े। प्रशांत किशोर कहले कि 2015 में रउआ लोग वोट देनी। ई आदमी 2017 में रउआ ठग के भाग गइल। रउआ नीतीश के जादे ना जानत होखेम। ई फेर रउआ के ठग के निकल जइहें। प्रशांत इहों कहले कि हमरा कुछ आवे  चाहे ना आवे चुनाव लड़ावे त निम्मन से आवेला।

PK बोलले- हरिवंश के माध्यम से BJP के संपर्क में बाड़े नीतीश

PK कहले कि ऊ आपन पार्टी के सांसद आ राज्यसभा के उपसभापति हरिवंश जी के जरिए BJP के संपर्क में बाड़ें। ऊ कहले कि जे लोग ई सोच रहल बाड़ें कि नीतीश कुमार BJP के खिलाफ राष्ट्रीय गठबंधन बनावे खातिर पूरा कोसिस कर रहल बाड़े, ऊ ई जानके चकित रह जाई लो कि ऊ BJP के संगे रस्ता खुला रखले बाड़े।

JDU कहले- पीके अफवाह फइला रहल बाड़े

हालांकि, JDU एह बात से साफ इनकार कइले बा। JDU के नेता ने एकरा के पूरा तरे से अफवाह बतावल लो। कहल गइल कि प्रशांत किशोर एह तरे के बात कहके भ्रम फइलावत बा लो। एमे कवनो सच्चाई नइखे। नीतीश अब भाजपा के साथे नइखन जा सकत। मुख्यमंत्री एकर घोषणा सार्वजनिक रूप से कइले बाड़े। एहमें कवनो सच्चाई नइखे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]