[the_ad_group id="30365"]

हाथरस में भीषण सड़क हादसा, एगो डंपर कावड़ियन के कचरलस, छह के मौत, दू लोग घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हाथरस सादाबाद मार्ग पर संत फ्रांसिस स्कूल के लग्गे शुक्रवार देर रात करीब 1:30  बजे के लगभग एगो डंपर ने गंगाजल लेकर जा रहल 8 कांवड़ियन के कचर देहलस। एहमें से 6 की मौके पर ही मौत हो गईल अउरी दू लोग गंभीर रूप से  घायल हो गइल। शनिवार सुबह पोस्टमार्टम के बाद प्रशासन शव के मृतकन के परिजन लोग के घरे भेजवा देहले बा। उहवें जिला प्रशासन मृतकन के परिजन लोग के एक-एक लाख रुपया देहले के घोषणा कइले बा। एकरे अलावा पुलिस इहो बतवलस की आरोपी ट्रक चालक के हिरासत में ले लेहल गइल बा।
बतावल जाता कि ई सभ लोग गंगाजल लेके हरिद्वार से ग्वालियर जात रहल। घटना के जानकारी मिलतही पुलिस अउरी प्रशासनिक अधिकारी मौके पर पहुंच गइलें। गंभीर रूप से घायल दू कावड़ियन के उपचार खातिर आगरा भेजल गइल बा। घटना के जानकारी मिलतही एडीजी आगरा जोन अउरी आईजी अलीगढ़  मौका पर आ गइने। बतावल जाता कि हादसा के शिकार सब लगो बांगि खुर्द थाना उटीला जिला ग्वालियर मध्य प्रदेश के निवासी हवें।

हताहत लोग…

नरेश, पुत्र रामनाथ उमर
रमेश, पुत्र नत्था सिंह
रणवीर सिंह, पुत्र अमर सिंह
जबर सिंह, पुत्र सुल्तान सिंह
विकाश पुत्र, प्रभु दयाल ( आगरा पहुंचले पs मृत्यु)
एक के शिनाख्त नाइ हो सकल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]