[the_ad_group id="30365"]

हनुमानगंज के मजदूर के गुजरात के सूरत में मौत, शव गावं में पहुंचते परिवार में मचल कोहराम, शव देखे खातिर उमड़ल भीड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

धर्मेंद्र कुमार सिंह- मशरक(सारण): सारण के मशरक थाना क्षेत्र के हनुमानगंज गांव के मजदूर के सूरत में मौत हो गइला के बाद अतवार के शव के गांव में ले आवल गइल। परिवार के लोगन के चीत्कार से गावं के माहौल गमगीन हो गइल। मृतक पूर्वी पंचायत के पूर्व मुखिया बिंदेश्वरी प्रसाद के भतीजा विजय प्रसाद उमिर 40 बरिस पिता सोभन प्रसाद हs।

मशरक के हनुमानगंज इस्तिथ आवास पs शव पहुंचला के बाद  ग्रामीण लोगन के भीड़ लाग गइल। परिजन शव देख के दहाड़ मार एक रोवत रहे लो। विजय के मौत सनिचर के सूरत में हो गइल रहे।

परिजन लोग बतावल मृतक गुजरात में साड़ी बुनाई के काम करत रहले, ओहिजा उनकर ड्यूटी से अइला के बाद छाती में दरद महसूस भइल आ हार्ट अटैक अइला पs मौत हो गइल। मृतक के दु गो छोट-छोट लईकी आ एगो लईका बा। सब बच्चन के उमिर 11 बरिस से कम बा। विजय अपना परिवार जे एकमात्र कमाऊ सदस्य रहले। उनकर मौत के बाद अब परिवार के सोझा भरण पोषण के समस्या खड़ा हो गइल बा। पत्नी आ बच्चन के चेहरा देख के लोगन के आँखिन में लोर आ गइल।

मौका पs भाजपा प्रखंड अध्यक्ष बीरबल प्रसाद कुशवाहा, अभय कुमार, बृजकिशोर कुमार, विवेकानंद यादव, रंजिय कुशवाहा, टुनटुन यादव सहित आउर लोग शोक व्यक्त कइल आ दाह संस्कार में मददगार साबित भइल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]