[the_ad_group id="30365"]

भ्रष्टाचार पर शासकीय तंत्र के भरोसा सुबहा से भरल बा, संवैधानिक निकाय एक दुसरा के प्रति जिम्मेदार अउरी उत्तरदाई काहें नाइ?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश लोक निर्माण विभाग में व्याप्त भ्रष्टाचार, निर्धारित नीति निर्देश, अउरी स्थानांतरण नीति के उल्लंघन कइलें के संगही अपात्र नाबालिग नियुक्ति के विरुद्ध 436 दिन से मुख्य अभियंता लोक निर्माण विभाग गोरखपुर के कार्यालय पर सत्याग्रह संकल्प पर बइठल सत्याग्रही लोग तीव्र प्रतिक्रिया व्यक्त करत कहल, कि संवैधानिक निकाय के एक दूसरा के प्रति जिम्मेदार अउरी उत्तरदाई न होखल एह बात के प्रतीक बन कि उत्तर प्रदेश में भ्रष्टाचार के साम्राज्य कायम बा अउर अइसन भ्रष्ट साम्राज्य के महारथी शासकीय, प्रशासकीय तंत्र में बइठल लोक प्रतिनिधि अउर लोक सेवक बानें।

अब ई कहले से गुरेज नाइ कइल जा सकsता कि शासकीय,प्रशासकीय तंत्र में बइठल जिम्मेदार लोग दीमक जइसन लोकत्तांत्रित व्यवस्था के चाट कर, खोखला कइले पर अमादा बानें। अगर समय रहते दीमक रूपी व्यवस्था के पोषकन से जल्दी लोकतांत्रिक व्यवस्था के मुक्त नाइ करावल गइल त लोकतांत्रिक व्यवस्था के मूल स्वरूप के नष्ट कइले से इनकार नाइ कइल जा सकsता। संगठन संकल्प लेहले बा कि भ्रष्टाचार रूपी दीमक के विरुद्ध सत्याग्रह संकल्प के आवाज के अंजाम ले पहुंचावे में कौनो कोताही नाइ कइल जाई। बेहतर होई कि व्यवस्था में बइठल भ्रष्टाचार रूपी दीमक अपने गैर संवैधानिक हरकत से बाज आवें।

सत्याग्रह कार्यक्रम में उपस्थित उच्च न्यायालय उत्तर प्रदेश के वरिष्ठ अधिवक्ता राजेश द्विवेदी, विशिष्ठ अतिथि डॉ0 जेपी नायक, प्रदेश उपाध्यक्ष, हीरा लाल गौड़, जिलाध्यक्ष, जिला मंत्री डॉ0 शोभित, जिला मंत्री श्रीवास्तव, सुबास यादव, कैलाश यादव उ0प्र0 मा0शि0 संघ, चिकित्सा जगत से सैयद वसीम इक्बाल, संगठन के संस्थापक महासचिव शैलेंद्र कुमार मिश्रा, अनूप शुक्ला, अशोक तिवारी दिवानी बार गोरखपुर, योगेन्द्र कुमार मिश्रा एडवोकेट महामंत्री जिला कलक्ट्रेट बार एसोसिएशन, रमाकांत पांडे उर्फ राजू प्रदेश कार्य समिति सदस्य उ०प्र० ठेकेदार संघ, डी एन सिंह ठेकेदार जन कल्याण समिति लखनऊ के प्रदेश उपाध्यक्ष, लल्लन दुबे वरिष्ठ समाज सेवी, रामनिवास गुप्ता, वरिष्ठ कार्यकर्ता जियाउद्दीन अन्सारी, राजेश शुक्ला अधिवक्ता कमिश्नरी बार गोरखपुर, अनूप कुमार मिश्रा एडवोकेट स्नेहा मिश्रा एडवोकेट दीवानी कचहरी गोरखपुर सत्यव्रत जायसवाल, विरेन्द्र कुमार वर्मा, विरेन्द्र राय, जिला मंत्री रामचन्दर दूबे, जिला संयोजक राजमंगल गौर,राहुल श्रीवास्तव, जिला मीडिया प्रभारी शशी कांत, नानू अंसारी, बृजराज सैनी, संतोष गुप्ता, सुनील त्रिपाठी, देवांश माथुर, संजय गुप्ता, राजेश्वर पांडे, अमन कुमार, अजय पांडे, छेदी लाल पासवान, गोकुल गुप्ता, रीना शाही, मुन्ना सिंह, सत्य प्रकाश सिंह, गिरजा़ ऋत्विक मिश्रा, मनोज कुमार गुप्ता, नदीम अजीज, विशाल सिंह,सुधीर कुमार पांडे, शंकर नाथ, इत्यादि भारी संख्या में लोग उपस्थित रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]