Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Mohali MMS Case: चंडीगढ़ यूनिवर्सिटी वीडियो लीक ममिला पहुंचल हाईकोर्ट, सीबीआई से जांच करावे के मांग

एडवोकेट जगमोहन सिंह भट्टी पंजाब पुलिस के जांच प असंतोष जतावत जांच सीबीआई के सउपे के अपील कइले बाड़े। याचिका में कहल गइल बा कि सरकार लईकियन के सुरक्षा सुनिश्चित करे में नाकामयाब रहल बिया आ छात्रन के बीच डर के माहौल बनल बा।

292

चंडीगढ़ यूनिवर्सिटी के छात्रावास में लईकियन के नहात वीडियो बनावे आ ओकरा के लीक करे के ममिला के सीबीआई जांच के मांग के लेके पंजाब-हरियाणा हाईकोर्ट में याचिका दाखिल कइल गइल बा। हाईकोर्ट के रजिस्ट्री में दाखिल कइल गइल एह याचिका प एही सप्ताह सुनवाई हो सकत बा।

याचिका दाखिल करत एडवोकेट जगमोहन सिंह भट्टी एह ममिला में पंजाब पुलिस के जांच प असंतोष जतावत जांच के सीबीआई के सउपे के अपील कइले बाड़े। याचिका में कहल गइल बा कि सरकार लईकियन के सुरक्षा सुनिश्चित करे में नाकामयाब रहल बिया आ छात्रन के बीच डर के माहौल बनल बा। अइसन में जांच सीबीआई के सउपल जाये के चाहीं।

एह ममिला से छात्र-छात्रा से लेके पैरेंट्स तक परेसान बा लो। सबकर इहे कहनाम बा कि जब एगो यूनिवर्सिटी के गर्ल्स हॉस्टल में अइसन चीज हो सकत बा, त ई कहियो आ केहूओ के साथे हो सकत बा। हर केहू जानल चाहत बा कि एतना बड़ घटना कइसे हो गइल? आखिर काहे अपने हॉस्टल के आउर लईकियन के वीडियो बनवलस?

याचिका में बतावल गइल बा कि वीडियो लीक ममिला में यूनिवर्सिटिये के एगो छात्रा के आरोपी बनावल गइल बा। पुलिस एह ममिला में अभी ले तीन लोगन के गिरफ्तार कइले बिया। पुलिस के अनुसार जब आरोपी छात्रा हॉस्टल में आइल रहे त ओकरा लगे पुरान फोन रहे जवना के ऊ  बेच चुकल बिया। लईकी इहो ना बतवलस कि ऊ फोन केकरा के बेचले बिया। पुलिस के मोताबिक जवन फोन लईकी से बरामद भइल ओमे ओकर खुद के वीडियो आ सह आरोपी से चैट मिलल बा।

याची कहले कि ई ममिला जेतना छोट लउकत बा ओतना छोट बा ना। जदि जांच सीबीआई के दिहल जात बा त एह पूरा स्कैम के खुलासा संभव बा। एह ममिला में तीन आरोपी शिमला से बा लो आ सीबीआई एह ममिला के जांच करने में सक्षम बिया।

337100cookie-checkMohali MMS Case: चंडीगढ़ यूनिवर्सिटी वीडियो लीक ममिला पहुंचल हाईकोर्ट, सीबीआई से जांच करावे के मांग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.