Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

OMG 2 के मिलल A सर्टिफिकेट: सेंसर बोर्ड कट ना लगवलस, अक्षय के शिव के जगह शिव भक्त दिखावे के कहलस

कहा जा रहल बा कि मेकर्स फिलिम में बोर्ड के ओर से सुझावल गइल 25 में से 14 बदलाव करे खातिर सहमत बा लो। हालांकि जदि मेकर्स बाकी बदलाव नइखे कइल चाहत लो तs एकरो खातिर मेकर्स के बोर्ड के कन्विंस करे के होई।

1,223

अक्षय कुमार स्टारर फिल्म OMG 2 के सेंसर बोर्ड A सर्टिफिकेट देले बा। माने एकरा के 18 साल से कम आयु के लोग ना देख पाई। सेंसर बोर्ड फिलिम में कवनो कट नइखे लगवले बाकिर एमे 25 बदलाव करे के सुझाव जरूर देले बा। एमे सबसे बड़ बदलाव ई बा कि फिलिम में अक्षय के शिव नइखे, बलुक शिव भक्त के किरदार में दिखावल जाये।

एक दिन पहिलही सोमार के सेंसर बोर्ड फिलिम के ट्रेलर के UA सर्टिफिकेट देले रहे। एकरा संगही अब ट्रेलर आ फिलिम दुनो के रिलीज के रास्ता साफ हो गइल बा।

फिलिम में अक्षय कुमार भगवान शिव के किरदार में नजर आ रहल बाड़ें।

बोर्ड देलस एह बदलावन के करे के सुझाव

  • अक्षय कुमार के किरदार के भगवान शिव ना बलुक शिव के भक्त भा देवदूत के रूप में पेश कइल जाई।
  • स्क्रीन पs जवन कवनो वल्गर आ न्यूड सीन बा ओकरा के हटा दिहल जाव। एमे नागा साधुअन के विजुअल्सो सामिल बा।
  • स्कूल के नाम बदलके सवोदय कइल जाव।
  • शिव जी के लिंग, अश्लीलता, श्री भगवद् गीता, अथर्ववेद, गोपियां आ रासलीला समेत कइयन आउर शब्दन के डिलीट कइल जाव।
  • कइयन डायलॉग्स में बदलाव कइल जाव।
  • जवन कवनो कलाकार भगवान भा उनका भक्त के किरदार निभा रहल बा, ओकर नहात दिखावे वाला सीन हटावल जाव।
  • कोर्ट में सेल्फी खींचत जज के सीन में बदलाव कइल जाव।
फिलिम में अक्षय कुमार के संगे पंकज त्रिपाठी नजर अइहें।

14 बदलावन खातिर सहमत बा लो मेकर्स

कहा जा रहल बा कि मेकर्स फिलिम में बोर्ड के ओर से सुझावल गइल 25 में से 14 बदलाव करे खातिर सहमत बा लो। हालांकि जदि मेकर्स बाकी बदलाव नइखे कइल चाहत लो तs एकरो खातिर मेकर्स के बोर्ड के कन्विंस करे के होई।

11 अगस्त के होई रिलीज

एही के संगे इहो तय बा कि ई फिलिम 11 अगस्त के सनी देओल स्टारर ‘गदर 2’ के संगही रिलीज होई। फिलिम के रन टाइम 2 घंटा 36 मिनट के होई। बोर्ड के क्लियरेंस खातिर बहुत वक्त से अटकल एह फिलिम के प्रमोशन बहुते प्रभावित भइल बा।

OMG 2 के कहानी सेक्स एजुकेशन पs बेस्ड बा। एही के चलते एकरा के A सर्टिफिकेट दिहल गइल बा।

ई फिलिम एगो शिव भक्त के कहानी

फिलिम के कहानी मंदिरन के शहर उज्जैन में रहे वाला भगवान शिव के परम भक्त कांति शरण मुद्गल के इर्द-गिर्द बुनल गइल बा। जिनगी के मुश्किल परिस्थितियन में कांति के सामने भगवान प्रकट होले आ ओकरा जिनगी में आवे वाला चुनौतियन के हल करे में ओकर मदद केरेलें।

सेक्स एजुकेशन जइसन बोल्ड सब्जेक्ट पs बेस्ड एह फिलिम में अक्षय कुमार, पंकज त्रिपाठी आ यामी गौतम लीड रोल में नजर आई लो। फिलिम 2012 में रिलीज परेश रावल आ अक्षय कुमार स्टार ‘OMG’ के सीक्वल हs। ओह फिलिम में अक्षय श्रीकृष्ण के रोल प्ले कइलें रहलें।

615610cookie-checkOMG 2 के मिलल A सर्टिफिकेट: सेंसर बोर्ड कट ना लगवलस, अक्षय के शिव के जगह शिव भक्त दिखावे के कहलस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.