Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मशहूर भोजपुरी अभिनेता खेसारी लाल यादव के जमानत याचिका मंजूर

1,565

छपरा: भोजपुरी गायक शत्रुघन कुमार उर्फ खेसारी लाल यादव छपरा कोर्ट में न्यायिक दंडाधिकारी प्रथम श्रेणी प्रियांशु शर्मा के न्यायालय में बुध के उपस्थित भइलें। खेसारी के जमानत याचिका पs सुनवाई के बाद न्यायिक दंडाधिकारी जमानत मंजूर करत दस-दस हजार के दु गो बंध पत्र जमा करे के आदेस देलें। अभियोजन के ओर से सरकारी अधिवक्ता जमानत के विरोध कइलें। ओहिजा खेसारी लाल के अधिवक्ता वीरेश चौबे जमानत देवे के अनुरोध कोर्ट से कइलें।

कोर्ट अगिला तिथि के चार्ज खातिर खेसारी के सदेह उपस्थित रहे के आदेस देलें। मालूम होखे कि कोर्ट पहिले बंध पत्र निरस्त करत गैर जमानती अधिपत्र जारी कइले रहे। रसूलपुर थाना के असहनी ग्राम निवासी मृत्युंजयनाथ पांडे रसूलपुर थाना में 16 अगस्त 2019 के प्राथमिकी दर्ज करवले रहस, जेमे कहल गइल रहे कि आपन किनल जमीन के बेचे खातिर शत्रुघन कुमार उर्फ खेसारी लाल के पत्नी चंदा देवी से 22 लाख सात हजार रुपिया में बात भइल रहे, जवना के रजिस्ट्री दिनांक चार जून 2019 के एकमा रजिस्ट्री कार्यालय में भइल रहे। नगद रुपिया के एवज में खेसारी लाल यादव द्वारा 18 लाख रुपिया के जवन चेक दिहल गइल रहे ऊ बाउंस हो गइल रहे।

616840cookie-checkमशहूर भोजपुरी अभिनेता खेसारी लाल यादव के जमानत याचिका मंजूर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.