गोरखपुर। मोहद्दीपुर चौकी क्षेत्र मंदिर के साफ-सफाई आ चाबी रखे वाला बुजुर्ग 80 वर्षीय महिला के गला दबाके हत्या करे वाला हत्यारा कैण्ट पुलिस, सर्विलांस आ स्वाट के संयुक्त टीम द्वारा मुखबिर के सूचना पs स्थानीय थाना के मु0अ0सं0- 474/22 धारा 302/394/411 भादवि से सम्बन्धित अभियुक्त सूर्य प्रकाश मिश्रा उर्फ सूरज पुत्र भरत मिश्र निवासी सत्य मार्ग गली पड़हा शिव मंदिर मोहद्दीपुर थाना कैण्ट जनपद गोरखपुर आ स्थायी पता शूमनथही पोस्ट चाँदपुर थाना बैरिया जिला बलिया के मोहद्दीपुर पड़हा टोला शिवमंदिर से गिरफ्तार करे में सफलता प्राप्त कइले बिया। 8/9 जुलाई के रात में 2:30 बजे के आसपास ऑटो ड्राइवर सूर्य प्रकाश मिश्रा उर्फ सूरज पुत्र भरत मिश्रा मंदिर साफ सफाई करे वाला बुढ़िया जे छप्पर में सुतल रहली आ मंदिर के चाभी अपना लगे रखत रहली, सूर्य प्रकाश ओह बुजुर्ग महिला के लगे देर रात में पहुंचल आ पईसा छिने के कोसिस कइलस। महिला हल्ला कइला के कोसिस कइली जवना चलते सूर्य प्रकाश ने गला दबाके हत्या कs के महिला के लगे से दो हजार से पच्चीस के बीच एगो आ 2 आ 5 के सिक्का 10-20 आ 100 के जवन नोट रहे लेके चल गइल।
ओहिजा घटना के सूचना प्राप्त होखते एडीजी जोन अखिल कुमार, डीआईजी गोरखपुर परिक्षेत्र गोरखपुर जे रविंद्र गौड, वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक डॉ गौरव ग्रोवर,पुलिस अधीक्षक नगर कृष्ण बिश्नोई मवका के मुआयना कइला के बाद अभियुक्तन के गिरफ्तारी खातिर सीओ कैन्ट के नेतृत्व में लगा दिहल गइल रहे। जहा सीसीटीवी कैमरा के मदद से कैंट पुलिस सर्विलांस के सहजोग से अभियुक्त सूर्य प्रकाश मिश्रा उर्फ सूरज पुत्र भरत मिश्रा निवासी सत्य मार्ग गली पडहा शिव मंदिर मोहद्दीपुर थाना कैंट गोरखपुर स्थाई निवासी शुमनथही पोस्ट चांदपुर थाना बैरिया जिला बलिया के मोहद्दीपुर बड़ा टोला शिव मंदिर से गिरफ्तार करे में सफलता प्राप्त कइलस। अभियुक्त मृतका कैलाशी देवी के परिवार के पहिले से जानता रहे आ उनका मकान में 5 बरिस पहिले किराया पs रहत रहे आ पइसा के लालच में घटना के अंजाम देलस।
ओहिजा कैंट पुलिस चैन स्नेचर अविनाश जयसवाल उर्फ विशाल पुत्र राजेश उर्फ राजू जायसवाल निवासी बनगाई टोला बनरहा थाना गुलरिया के साढ़े 5 बजे नशीला पाउडर एगो अदद पीली धातु दूध मंडी चौकी क्षेत्र बेतियाहाता से गिरफ्तार करे में सफलता प्राप्त कइलस। गिरफ्तार करे वालन में प्रमुख रुप से प्रभारी निरीक्षक शशि भूषण राय थाना कैण्ट, उ0नि0 राजेन्द्र सिंह प्रभारी सर्विलांस सेल, उ0नि0 रुद्रप्रताप सिंह चौकी प्रभारी मोहद्दीपुर, उ0नि0 मनीष यादव एसओजी प्रभारी, उ0नि0 शशिकिरण सिंह थाना कैण्ट ,अरुण खरवार स्वाट टीम हे0का0, रामइकबाल राव स्वाट टीम, का0 विनोद कुमार थाना कैण्ट,का0 उदय कुमार सरोज थाना कैण्ट, कां0 अशोक यादव थाना कैण्ट, कां0 जोगेन्द्र कुमार थाना कैण्ट, का0 गणेश शंकर पाण्डेय सर्विलांस सेल, का0 अशोक चौधरी सर्विलांस सेल, का0 दुर्गेश मिश्रा स्वाट टीम, का0 करुणापति तिवारी स्वाट टीम, का0 रणवीर सिंह स्वाट टीम, का0 इन्द्रेश वर्मा स्वाट टीम, का0 रवि चौधरी स्वाट टीम शामिल रहे।