[the_ad_group id="30365"]

स्वास्थ्य विभाग : मुख्य सचिव स्वास्थ्य विभाग में तबादला के जांच करीहे, मुख्यमंत्री योगी समिति के गठन कईले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्वास्थ्य विभाग में तबादला के मामला गरमाए के बाद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ दखल देले बाड़े। उ मुख्य सचिव डीएस मिश्र के नेतृत्व में एगो समिति के गठन कईले बाड़े, जवना से पूरा मामला के जांच कईल जाई।

एह समिति में अपर मुख्य सचिव गृह अवनीश कुमार अवस्थी आ अपर मुख्य सचिव गन्ना संजय भौसरेड्डी के भी शामिल कइल गइल बा। मालूम बा कि स्वास्थ्य विभाग में डॉक्टर अवुरी कर्मचारी के तबादला के मामला के लेके उपमुख्यमंत्री ब्रजेश पाठक अपर मुख्य सचिव के चिट्ठी लिखले रहले।

ए मामला के लेके पूरा राज्य में हलचल मचल बा। प्रांतीय स्वास्थ्य आ चिकित्सा सेवा संघ भी ए समूचा मामला प आपत्ति जतवले बा। एकरा बाद मुख्यमंत्री तीन सदस्यीय समिति के गठन कईले बाड़े। प्रांतीय स्वास्थ्य आ चिकित्सा सेवा संघ के अध्यक्ष सचिन वैश मुख्यमंत्री के एह फैसला के स्वागत कइले बाड़न. उ कहले कि जांच समिति के संविधान से डॉक्टर के राहत मिली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]