[the_ad_group id="30365"]

Bank Holiday This Week: एह हफ्ता पूरा पांच दिन बंद रही बैंक, तुरंत निपटाई आपन जरूरी काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एह हफ्ता पूरा पांच दिन बैंक बंद रहे वाला बा। एकरा पीछे के वजह की देस के अलग- अलग राज्यन में पड़े वाला त्योहार बा। अइसन में जदि रउआ आपन कवनो जरूरी काम टालत आ रहल बानी तs ओकरा के तुरंत निपटा लीं, ना तs राउर काम अटक सकत बा।

बता दीं, एह पांच दिनन में एगो अतवार पड़ रहल बा, जबकि चार दिन क्षेत्रिय उत्सव आ त्योहार के कारण बैंक बंद रही। एह त्योहारन में खर्ची पूजा आ ईद जइसन कई प्रमुख उत्सव सामिल बा।

कब रही बैंकन में अवकाश?

  • 26 जून के त्रिपुरा में सब बैंक खर्ची पूजा के कारण बंद रही खर्ची पूजा त्रिपुरा में मनावल जाये वाला एगो प्रमुख त्योहार बा।
  • 28 जून के केरल, महाराष्ट्र, जम्मू आ कश्मीर के बैंक ईद उल-अजहा के कारण बंद रही।
  • 29 जून के ईद उल-अजहा के कारण बैंक बंद रही।
  • 30 जून के मिजोरम आ ओडिशा में ईद उल अजहा के कारण बैंक बंद रही।
  • 2 जुलाई के बैंक अतवार के बंद रही।

जुलाई 2023 में बैंकन के छुट्टी 

जुलाई में गुरु हरगोबिंद जी के जन्मदिन, भानु जयंती, MHIP डे आ मुहर्रम (ताजिया) जइसे प्रमुख त्योहार पड़ला के कारण बैंक पूरा 15 दिन बंद रही। एमे पांच अतवार आ दूसरका आउर चउथा सनीचर के छुट्टी सामिल बा।

जारी रही ऑनलाइन सेवा

छुट्टियन में बैंकन के ब्रांच भलही बंद रही, बाकिर बैंकन  के ऑनलाइन सेवा जारी रही। जवना के मदद से रउआ बैंक से पईसा ट्रांसफर से लेके एफडी खुलावावे के काम ऑनलाइने कs सकत बानी। एकरा संगही एटीएम के माध्यम से मिले वाला सेवा आउर दिनन के तरह चालू रही आ आमदियन के तरे पईसा निकाल आ जमा कs सकत बानी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]