[the_ad_group id="30365"]

Odisha Budget Session: 22 जुलाई से शुरू होई ओडिशा विधानसभा के सत्र, 25 जुलाई के CM माझी पेश करिहें बजट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ओडिशा विधानसभा के बजट सत्र 22 जुलाई से शुरू होई। मुख्यमंत्री मोहन चरण माझी 25 जुलाई के राज्य के पूर्ण बजट पेश करिहें। ओडिशा के अबकि बजट पs पूरा देश के नजर बा। मानल जा रहल बा कि ई बजट पिछला सरकार के बजट से काफी ज्यादा होखे वाला बा। जानकारी के मोताबिक एह साल ओडिशा के बजट प्लान बढ़ के तीन लाख करोड़ तक पहुंच सकऽत बा।

ओडिशा विधानसभा सत्र 22 जुलाई से शुरू होखे वाला बा। भाजपा सरकार के पहिला बजट 25 जुलाई के पेश कइल जाई। लोक सेवा भवन में ओडिशा के मुख्यमंत्री मोहन चरण माझी के अध्यक्षता में भइल बइठक में पूर्ण बजट प्रस्ताव के मंजूरी दे दिहल गइल बा।

बतावल जा रहल बा कि एह बार के बजट पिछलका सरकार के बजट से काफी ज्यादा बा। जानकारी के मोताबिक, एह साल ओडिशा के बजट प्लान बढ़ के तीन लाख करोड़ तक पहुंच सकत बा। वित्त वर्ष 2024-25 खातिर पूर्ण बजट पेश कइल जाई। नयका सरकार के ई पहिलका बजट होई।

मुख्यमंत्री मोहन चरण माझी पेश करिहें बजट

वित्त विभाग के प्रभारी मुख्यमंत्री मोहन चरण माझी बजट पेश करिहें। पिछिलका सरकार चार महीना के अंतरिम बजट लिआइल रहे। बजट के वैधता 31 जुलाई के समाप्त हो रहल बा। चूंकि पूर्ण बजट पारित होखे में देरी होई, एहिसे लिखित विनियोग प्रस्ताव 30 जुलाई तक आई आ व्यय विनियोग विधेयक 31 जुलाई के लिआवल जाई।

ओडिशा विधानसभा के सत्र

विधानसभा सचिवालय के ओर से जारी अधिसूचना के मोताबिक, 22 जुलाई के विधानसभा के शुरुआत में राज्यपाल के भाषण होई। ओही दिने राज्यपाल के भाषण पs धन्यवाद ज्ञापन कइल जाई। सत्र 13 सितंबर तक दु चरण में चली। एमें कुल 27 कार्य दिवस होइहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]