[the_ad_group id="30365"]

प्रधानमंत्री मोदी बीजेपी मुख्यालय के कर्मचारी आ पार्टी कार्यकर्ता लो से कइले मुलाकात, कहले इs बात..

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बियफ़ें के भारतीय जनता पार्टी के केंद्रीय कार्यालय में काम करेवाला कर्मचारी अवुरी लोकसभा चुनाव में काम करेवाला कार्यकर्ता से मुलाकात कईले। लगातार तीसरा बेर लोकसभा चुनाव जीत के केंद्र में सरकार बनवला के बाद पीएम मोदी के पार्टी के केंद्रीय कार्यालय के कर्मचारी से पहिला मुलाकात बा।

जेपी नड्डा कइले पीएम मोदी के स्वागत

एकरा से पहिले भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अवुरी केंद्रीय मंत्री जेपी नड्डा पार्टी मुख्यालय पहुंचला पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के स्वागत कईले। जेपी नड्डा पार्टी के केंद्रीय कार्यालय के कर्मचारी के संगे ‘स्नेह मिलन’ कार्यक्रम के मंच पs पीएम मोदी के स्वागत अवुरी बधाई भी देले। एs दौरान पार्टी के राष्ट्रीय संगठन महासचिव बीएल संतोष अवुरी राष्ट्रीय महासचिव अवुरी मुख्यालय प्रभारी अरुण सिंह भी मंच पs मौजूद रहले। प्रधानमंत्री मोदी पार्टी मुख्यालय में करीब ढाई घंटा ले रहले।

पीएम के पुरनका जमाना याद आ गइल

बतावल जाता कि, पार्टी के कर्मचारी से बातचीत के दौरान पीएम मोदी के आपन पुरान जमाना याद आ गईल। उs बहुत दिन से गुजरात से लेके पार्टी के राष्ट्रीय संगठन ले के अलग-अलग पद पs काम कईले बाड़े। पार्टी के राष्ट्रीय टीम में काम करत घरी अपना कई गो अनुभव के भी जिक्र कईले। उs बतवले कि उहो बहुत साल से भाजपा कार्यालय में रहले अवुरी उनुका निहन पार्टी खातीर काम करत रहले।

मोदी लोकसभा चुनाव के दौरान सबकुछ छोड़ के तीन महीना ले बिना कवनो छुट्टी के काम करे खातीर सभके धन्यवाद देले। उs कहले कि पार्टी संगठन से बड़ कुछूओ नईखे। एकरा केंद्र में पार्टी खातीर काम करेवाला कार्यकर्ता बाड़े। खास तौर पs उs पुरान कर्मचारी से बातचीत कईले, जवन कि जब उs केंद्रीय कार्यालय में रहले तs उनुका संगे काम कईले रहले।

पीएम मोदी इs बात कहले

पार्टी मुख्यालय के कर्मचारी से बातचीत करत प्रधानमंत्री मोदी कहले कि हमनी के सभे एक परिवार हई। पार्टी संगठन में अपना पुरान दिन के याद करत पीएम मोदी इहो बतवले कि कइसे ओह घरी पार्टी के सीमित संसाधन से काम करे के पड़े. ओह जमाना के जिक्र करत इहो बतवले कि कइसे ओह समय में कमी के बीच भी काम होखत रहे।

हमनी के याद दिला दी जा कि एकरा से पहिले अपना दुसरका कार्यकाल में भी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी पार्टी कार्यालय के कर्मचारी से संवाद कईले रहले। ओह घरी उs केंद्रीय कार्यालय के कर्मचारी के अपना आधिकारिक आवास 7 लोक कल्याण मार्ग में बोलवले रहले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]