[the_ad_group id="30365"]

Bihar Politics: जीतन सहनी हत्याकांड पऽ मांझी के बेटा के बड़ दावा, लालू-राबड़ी के नाव लेके कहलें ई बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar Politics: जीतन साहनी हत्याकांड के लेके केंद्रीय मंत्री मांझी के बेटा आ बिहार के मंत्री संतोष सुमन एगो बड़ दावा कइले। राज्य के कानून व्यवस्था के इस्थिति पs उठल सवाल पs उऽ कहलें कि जीतन साहनी के निर्मम हत्या के मात्र 36 घंटा के भीतर मुख्य आरोपी के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल बा। एहसे पता चलत बा कि राज्य में कानून के राज बा। संतोष सुमन लालू-राबरी के निशनो बनवले।

हिंदुस्तानी आवाम मोर्चा के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ राज्य सरकार में मंत्री डॉ. संतोष कुमार सुमन कहले कि वीआईपी प्रमुख मुकेश साहनी के पिता जीतन साहनी के निर्मम हत्या के मात्र 36 घंटा के भीतर मुख्य आरोपी के गिरफ्तारी आ पूरा मामला के खुलासा भइल , इहे कानून राज के सबूत हऽ।

उऽ कहले कि अपराध के घटना कबहूँ शून्य नइखे हो सकत, बाकिर जब कानून के राज होखेला तऽ घटना के बाद पुलिस के कार्रवाई खाती न्यूनतम समय लिहल जाला। लालू-राबरी के शासन में अधिकांश आपराधिक घटना के बाद पुलिस बहुत देर से मौका पs पहुंचत रहे आ अक्सर घटना के सबूत तबाह हो जात रहे।

संतोष सुमन के दावा बा कि एनडीए के शासन हमेशा से राजद शासन से बेहतर रहल बा, एहीसे जनता बार-बार एनडीए पs भरोसा जतवले बिया।

राजद शासन में सत्ता के उकसावे पर अपराध होते रहे – राजीव रंजन

जदयू के राष्ट्रीय प्रवक्ता राजीव रंजन बियफे की कहले कि राजद के शासन में सत्ता में बइठल लोग के उकसावे पs अपराध होखत रहे। लालू-राबरी राज अपराधी के स्वर्णिम दौर रहे। राजीव रंजन कहले कि मात्र 36 घंटा के भीतर मुकेश साहनी के पिता के हत्यारा के गिरफ्तार कइला से पता चलता कि सरकार अपराधी के खिलाफ केतना जल्दी कार्रवाई करेले।

 ‘तेजस्वी यादव जदि पढ़े के तनि सा जहमत उठावलें रहते तऽ…’

उ कहले कि नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव जदी तनी पढ़े के कष्ट उठावलें रहते तऽ उनुका पता चल जाइत कि उनकर माता-पिता के शासन अपराधियन खातिर स्वर्णिम दौर रहे। जदि उनकर शासन के आखिरी साल 2005 के बात कइल जाव तऽ ओ साल में 3471 हत्या आ 251 अपहरण भइल रहे।

राजीव रंजन कहले कि नीतीश कुमार के सरकार में हर प्रकार के अपराध पs लगाम लगावल गइल। अकेले साल 2005-2010 के पहिला कार्यकाल में करीब 50 हजार अपराधियन के सजा दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]