[the_ad_group id="30365"]

ODI World Cup: बीसीसीआई शॉर्टलिस्ट कइलस 20 नाम, त हर्षा भोगले बतवलें पसंदीदा खिलाड़ियन के लिस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) अतवार के टी20 वर्ल्ड कप में खराब प्रदर्शन अउर आगे के टूर्नामेंट्स के रोडमैप के ले के मीटिंग कइलें। एह मीटिंग में कई बात निकलकर सामने आइल। एहमें से एगो ई बात रहल कि बीसीसीआई 20 अइसन नाम शॉर्टलिस्ट कइले बानें, जिनके वनडे वर्ल्ड कप खातिर पहिला पसंद मानल जात रहे। एकरे वर्कलोड मैनेजमेंट के नेशनल क्रिकेट एकेडमी, आईपीएल फ्रेंचाइजी खातिर मिल के मॉनिटर करी। अइसन बतावल गइल बा कि एही 20 नाम के अलग-अलग सीरीज में रोटेट कइल जाई।

बीसीसीआई अब तक नाम के एलान नाइ कइलस

हालांकि, बीसीसीआई एह 20 नाम के एलान नइखे कइले लेकिन एकरे बाद अब क्रिकेट पंडितन के राय भी सोझे आवे लागल बा अउर ऊ आपन पसंदीदा 20 खिलाड़ियन के नाम बता रहल बा। एही कड़ी में पहिला नाम कमेंटेटर अउर क्रिकेट एक्सपर्ट हर्षा भोगले के।

हर्षा भोगले के लिस्ट

हर्षा भोगले ट्वीट क के लिखलें- हमके लागsता कि ई उ कोर टीम ह  जेकरे साथ चयनकर्ता अउर टीम मैनेजमेंट काम करिहें: रोहित शर्मा, केएल राहुल, शुभमन गिल, विराट कोहली, श्रेयस अय्यर, ईशान किशन, ऋषभ पंत, सूर्यकुमार यादव, संजू सैमसन, हार्दिक पांड्या, अक्षर पटेल, रवींद्र जडेजा, वॉशिंगटन सुंदर, कुलदीप यादव, युजवेंद्र चहल, जसप्रीत बुमराह, मोहम्मद शमी, अर्शदीप सिंह, प्रसिद्ध कृष्णा, मोहम्मद सिराज, शार्दुल ठाकुर। ई 21 हवें लोग। हमार अगिला दू पसंद: रजत पाटीदार अउर उमरान मलिक बानें।
भारतीय परिस्थितियन के देखत 21 खिलाड़ियन के ई पूल बैलेंस्ड दिख रहल बा। हालांकि, वर्ल्ड कप खातिर 15-16 खिलाड़ी ही चुने जइहें। हालांकि, बीसीसीआई के अगर लागsता कि इनके अलावा केहू डिजर्व करsता त उ उनकर चयन कs सकतनें। लेकिन पूरा फोकस एही 20 खिलाड़ियन पs रही।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]