[the_ad_group id="30365"]

बाउंड्री के 3 मीटर बहरा कैच, आउट देहले पर विवाद:फील्डर 2 बेर बॉल के उछलल, तीसरा बेर में पकड़ाइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ऑस्ट्रेलिया के बिग बैश लीग में नयका साल के पहिलही दिन एक कैच पर कॉन्ट्रोवर्सी हो गइल। ब्रिसबेन हीट अउर सिडनी सिक्सर्स के बीच मैच भइल। 19वें ओवर के दूसरा बॉल पर सिक्सर्स टीम के जॉर्डन सिल्क एक्स्ट्रा कवर के ओर हवा में शॉट खेलनें, जहां हीट टीम के माइकल नेसर 3 कोशिश में अद्भुत कैच पकड़ लिहलें। एही कैच पs अब कॉन्टोवर्सी होखे लागल।

कौने बात पs भइल बा कॉन्ट्रोवर्सी?

नेसर बाउंड्री के अंदर बॉल के पकड़लें अउर बॉल के हवा में पहिले उछाल दिहलें। बॉल बाउंड्री के बाहर गइल। नेसर करीब 2-3 मीटर बाउंड्री के बाहर गइल अउर हवा में उछलत बॉल के दूसरे बेर उछाल के ग्राउंड के अंदर पहुंचा दिहलें। फिर वापस बाउंड्री के अंदर गइलें अउर कैच पूरा कs लिहलें। अंपायर सिल्क के आउट दिहलें अउर उन के टीम मैच हार गइल।

एह कैच के बाद क्रिकेट एक्सपर्ट्स भी कन्फ्यूज हो गइलें। कई एक्सपर्ट बोललें कि एक बेर बाउंड्री के बाहर गइले के बाद फील्डर कैच ले त ओके लीगल नाइ माने के चाहीं। उहवें, कई लोग एह कैच के लीगल मनले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]