Team India Review Meeting: BCCI के समीक्षा बैठक के 5 खास बात, जवना से बदल जाई भारतीय क्रिकेट

Anurag Ranjan

भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (BCCI) अतवार के मुंबई में भारतीय पुरुष क्रिकेट टीम के समीक्षा बैठक कइल गइल। जेमे बीसीसीआई के अध्यक्ष रोजर बिन्नी, सचिव जय शाह, कप्तान रोहित शर्मा, मुख्य कोच राहुल द्रविड़ हिस्सा लिहल लो। राष्ट्रीय क्रिकेट अकादमी (NCA) में क्रिकेट के प्रमुख वीवीएस लक्ष्मण या सीनियर चयन समिति के अध्यक्ष चेतन शर्मा एह लोगन के साथे मवजूद रहल लो।

बैठक में चरचा के प्रमुख बिंदुअन में टी20 विश्व कप में भारत के प्रदर्शन के समीक्षा कइल गइल। भारतीय टीम सेमीफाइनल में इंग्लैंड के खिलाफ 10 विकेट से हरला के बाद बाहर हो गइल रहे। खिलाड़ियन के उपलब्धता, कार्यभार प्रबंधन आ फिटनेस मापदंडन जइसे आउर मुद्दन पs विस्तार से चरचा कइल गइल। एह साल के अंत में भारत में होखे वाला वनडे विश्व कप खातिर 20 खिलाड़ियन के सूची में बैठक में तइयार कइल गइल।

समीक्षा बैठक के 5 मुख्य बात

यो-यो टेस्ट रिटर्न:

बीसीसीआई के एगो प्रेस विज्ञप्ति के मोताबिक, “यो-यो टेस्ट आ डेक्सा अब चयन मानदंडन के हिस्सा होई आ खिलाड़ियन के केंद्रीय पूल के अनुकूलित रोडमैप में लागू होई।”

20 खिलाड़ी शॉर्टलिस्ट:

विश्व कप से पहिले बीसीसीआई पहिलही 20 संभावित खिलाड़ियों के शॉर्टलिस्ट कs लेले बा, जवना के 2023 पुरुष विश्व कप के भारत के टीम बनावे खातिर देखल जा सकत बा। बीसीसीआई एह खिलाड़ियन पs करीब से नजर रखी।

खिलाड़ियन के कुछ आईपीएल मैचन खातिर बाहर बइठे के पड़ सकत बा। BCCI कहलें, “पुरुषन के FTP आ ICC CWC 2023 के तइयारियन के धेयान में राखत, NCA IPL फ्रेंचाइजी के संगे मिलके IPL 2023 में भाग लेवे वाला लक्षित भारतीय खिलाड़ियन के निगरानी खातिर काम करी।”

कार्यभार प्रबंधन आ एनसीए:

भारत के चोट के कारण एशिया कप आ टी20 विश्व कप के दौरान जसप्रीत बुमराह के कमी खलल। दीपक चाहर एनसीए में बहुत समय बितवला के बावजूद टीम से अंदर-बाहर होखत रहलें। एकरा के धेयान में रखत कार्यभार प्रबंधन पs विशेष धेयान दिहल जाई, जेमे एनसीए खिलाड़ियन के फिटनेस के निगरानी में महत्वपूर्ण भूमिका निभाई।

उभरत खिलाड़ियन के चयन:

बीसीसीआई के तरफ से एगो आउर बड़ अपडेट ई रहे कि उभरत खिलाड़ियन के राष्ट्रीय टीम में चयन के योग्य होखे खातिर पर्याप्त घरेलू सीजन खेले के होई।

कर्मियन में कवनो बदलाव ना:

समीक्षा के दौरान रोहित शर्मा आ राहुल द्रविड़ दुनो उम्मेद के मोताबिक परिणाम प्रदान करे में असफल होखला के बावजूद, कर्मियन में कवनो बदलाव ना होई। फिलहाल ना तs कोचिंग स्टाफ में ना वनडे आ टेस्ट में कप्तान के लेके कवनो बदलाव ना होई।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।