[the_ad_group id="30365"]

ओबेरॉय ग्रुप के चेयरमैन पृथ्वी राज सिंह ओबेरॉय ९४ के उमीर में लिहले अंतिम सांस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

ओबेरॉय ग्रुप के चेयरमैन एमेरिटस पृथ्वी राज सिंह ओबेरॉय के मंगल के दिने 94 बरीस के उमिर में निधन हो गइल। भारत में होटल व्यवसाय के नया दिशा देवे में पीआरएस ओबेरॉय के बहुत महत्वपूर्ण योगदान मानल जाला। उ साल 2022 में EIH लिमिटेड के कार्यकारी अध्यक्ष अवुरी EIH एसोसिएटेड होटल्स लिमिटेड के चेयरमैन के पद से इस्तीफा दे देले।

पद्म विभूषण से सम्मानित कइल गइल

भारत सरकार भारत में होटल व्यवसाय के आगे बढ़ावे आ ओकरा के एगो नया दिशा देवे में योगदान खातिर भारत सरकार भारत के दूसरा सबसे बड़ सम्मान पद्म विभूषण से पृथ्वी राज सिंह ओबेरॉय के सम्मानित कईलस। इंटरनेशनल लक्ज़री ट्रैवल मार्केट में लाइफटाइम अचीवमेंट अवार्ड दिहल गइल। एकरा अलावे उनुका के फोर्ब्स इंडिया लीडरशिप अवार्ड,  होटल्स (मैगजीन) यूएसए द्वारा ‘कॉर्पोरेट होटलियर ऑफ द वर्ल्ड पुरस्कार यूएसए आदि से सम्मानित कईल गईल।

जानकारी जारी कइल गइल

एगो बयान में कहल गईल कि, “बहुत दुख के संगे हमनी के आज द ओबेरॉय ग्रुप के मानद चेयरमैन पीआरएस ओबेरॉय के शांतिपूर्ण निधन के घोषणा करतानी। आतिथ्य उद्योग के एगो ऊँच हस्ती ओबेरॉय के विरासत सीमा के पार कs गईल। उ वैश्विक स्तर पs एगो अमिट छाप छोड़ले।” आवे वाला दिन में हमनी के उनुका के सम्मानित करे अवुरी याद करे के योजना के विवरण साझा करब।’

जनम 1929 में भइल 

पीआरएस ओबेरॉय के जनम साल 1929 में दिल्ली में भइल रहे। उनकर पिता राय बहादुर एमएस ओबेरॉय ‘द ओबेरॉय ग्रुप’ के संस्थापक रहले। अंतिम संस्कार आजु के दिने साँझ चार बजे कापसहेड़ा के भगवंती ओबेरॉय चैरिटेबल ट्रस्ट (ओबेरॉय फार्म) में कइल जाई।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]