[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: शहीदन के याद में रोशनी से नहाइल गोरखनाथ मंदिर, सीएम योगी दीया जरा के दिहलें श्रद्धांजलि

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दिवाली के अगिला दिने सोमवार के शहीदन के याद में गोरखनाथ मंदिर के रोशनी से नहवा दिहल गईल। लागत रहे कि दीप के लौ देश खातिर आपन जान देबे वाला शहीदन के प्रति आभार जतावत होखे। मंदिर के भीम सरोवर इलाका में पहिला दीप मुख्यमंत्री अवुरी गोरक्षपीठाधीश्वर योगी आदित्यनाथ जरा के एकरा बाद मुक्ताकाशी मंच पs शहीद के तस्वीर पs पुष्प अर्पित कs शहीद के भावुक श्रद्धांजलि देले।

अवसर रहे सोमवार के देर शाम गोरखनाथ मंदिर परिसर में ‘शहीद के नाम पs एगो दिया’ कार्यक्रम रहे। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ भीम सरोवर के पास दीप जरा के आ मुक्ताकाशी मंच पs शहीदन के तस्वीर पs फूल लगा के कार्यक्रम के उद्घाटन करत 11 हजार दीप के चमक से मंदिर परिसर रोशन हो गइल।भोजपुरी एसोसिएशन ऑफ इंडिया (भाई) के ओर से आयोजित एह कार्यक्रम में जरावल दीप के चमक अलौकिक लागत रहे।

मंदिर परिसर के मुक्ताकाशी मंच पs सांस्कृतिक कार्यक्रम के दौरान मुख्यमंत्री के सोझा देशभक्ति अवुरी सांस्कृतिक राष्ट्रवाद पs केन्द्रित गीत-नाद के प्रस्तुति से उत्साह के उछाल पैदा भईल। सीएम योगी एह प्रस्तुति पs बहुते भावुक लउकलन आ कलाकारन के भी हौसला बढ़वलन। उ अपना भावना के अभिव्यक्ति के संगे फरूवाही, बिरहा जईसन प्रस्तुति के भी सराहना कईले। एह दौरान कार्यक्रम संयोजक आ भोजपुरी एसोसिएशन ऑफ इंडिया के अध्यक्ष लोक गायक राकेश श्रीवास्तव आ डॉ. रूप कुमार बनर्जी मुख्यमंत्री के टेराकोटा माटी के शिल्प मूर्ति भेंट कइलन।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]