[the_ad_group id="30365"]

अब 10 सितंबर ले करा सकल जाई बीटेक में एडमिशन खातिर पंजीकरण, एमएमएमयूटी बढ़वलस तारीख

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मदन मोहन मालवीय प्रौद्योगिकी विश्वविद्यालय (एमएमएमयूटी) में बीटेक प्रथम वर्ष में एडमिशन खातिर पंजीकरण के तिथि बढ़ा के 10 सितंबर कs देहल गइल बा। अभ्यर्थियन के विश्वविद्यालय के वेबसाइट www.mmmut.ac.in पर जा के पंजीकरण करे के बा।

प्रवेश प्रकोष्ठ के समन्वयक प्रो. एससी जायसवाल बतवलें कि बीटेक प्रथम वर्ष में प्रवेश खातिर पंजीकरण के आखिरी तारीख 31 अगस्त रहल। लेकिन, अभ्यर्थियन के ईमेल अउरी फोन कsके तिथि आगे बढ़वलें के निहोरा पs एके बढ़ा देहल गइल बा। जेईई मेन में सफल अभ्यर्थियन के काउंसिलिंग में बोलावल जाई।

विश्वविद्यालय में बीटेक प्रथम वर्ष में सिविल, इलेक्ट्रिकल, मेकेनिकल, इलेक्ट्रानिक्स एंड कम्युनिकेशन, कंप्यूटर साइंस एंड इंजीनियरिंग, इंफार्मेशन टेक्नोलॉजी अउरी केमिकल इंजीनियरिंग में कुल 1047 सीट बा। 90 फीसदी सीट प्रदेश अउरी 10 प्रतिशत सीट दूसर प्रदेश के अभ्यर्थियन खातिर बा।

बीबीए, बीफॉर्मा के सीट प्रवेश परीक्षा से भरल जाई

प्रवेश समन्वयक बतवलें कि बीबीए अउरी बीफॉर्मा पहिला बरिस के सीट संयुक्त प्रवेश परीक्षा से भरल जाई। जौन अभ्यर्थी सफल होइहें, उनकर काउंसिलिंग करावल जाई। सब सीट काउंसिलिंग से ही भरल जाए के बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]