[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर विश्वविद्यालय में परास्नातक में एडमिशन छह तारीख से शुरू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में परास्नातक के कई पाठ्यक्रम में सत्र 2022-23 में एडमिशन के ले के काउंसिलिंग के विस्तृत कार्यक्रम जारी कs दिहल गइल बा। तीन चरण में काउंसिलिंग के प्रक्रिया पूरा होई। पहिले चरण के काउंसिलिंग छह से आठ सितंबर के बीच में होई।

विश्वविद्यालय प्रशासन के मुताबिक परास्नातक के एमए, एमएससी, एमकॉम, एमबीए सहित सगरी पाठ्यक्रम, पीजी डिप्लोमा, डिप्लोमा अउरी सर्टिफिकेट पाठ्यक्रम में एडमिशन होई। पहिले चरण में कला, विज्ञान, वाणिज्य, मैनेजमेंट, कृषि, विधि अउरी शिक्षा संकाय के अंतर्गत संचालित समस्त विभागन के समस्त परास्नातक पाठ्यक्रम, परास्नातक डिप्लोमा, डिप्लोमा अउरी सर्टिफिकेट पाठ्यक्रम के काउंसिलिंग होई।

पहिले चरण के काउंसिलिंग के विस्तृत कार्यक्रम विश्वविद्यालय के वेबसाइट https://ddugu.ac.in पर अपलोड कइल गइल बा। घोषित कार्यक्रम के अनुसार दूसरे चरण के काउंसिलिंग 11 अउरी 12 सितंबर अउरी तीसरे चरण के काउंसिलिंग 15 अउरी 16 सितंबर के होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]