[the_ad_group id="30365"]

महाराष्ट्र में बड़ सड़क हादसा, कंटेनर से टक्कर के बाद बस में लागल आग, 12 यात्री जिंदा जरले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र के नासिक में कंटेनर से टक्कर के बाद एगो बस में भीषण आग लाग गइल। आग में झुलसले से 12 यात्रियन के मौत हो गइल। जबकि कई घायल भइल बानें। ई घटना औरंगाबाद रोड स्थित कैलास नगर क्षेत्र में घटल। बताया जा रहल बा कि ई बस चिंतामणि ट्रेवल्स के रहल। बस यवतमाली से मुंबई जात रहे।

जानकारी के अनुसार हादसा आजु सुबह पांच से साढ़े पांच बजे भइल। आरोप बा कि एंबुलेंस समय पर नाइ पहुंचले के कारण शव के सिटी बस में रखे के पडल। जौन बस हादसा के शिकार भइल ओकर नंबर mh 29, aw3100 ह। मृतकन के संख्या अभीन अउर बढ़ सकsता। पुलिस के कहनाम बा कि हादसा के शिकार लोग के अस्पताल में भर्ती करवावल गइल। कई घायलन के इलाज जारी बा।

आपके बता देईं कि मृतकन के पहचान अभीन तक नइखे हो सकल। पुलिस के कहनाम बा कि अभीन घायलन के बचावे के प्रयास कइल जा रहल बा। मृतकन के पहचान के बाद उनके परिजन लोग के सूचित कइल जाई। फिलहाल मामिला के जांच कइल जा रहल बा। स्थानीय लोग बस में आग लगने के ,सूचना पुलिस के दीहल। जब ले दमकल विभाग के गाड़ी आवत तब ले बस में आग पकड़ चुकल रहे। बस में केतना लोग सवार रहल, अभिन ले एकर सूचना नइखे मिल पवलें। पुलिस के तरफ से एह संबंध में कुछ नाइ बतावल गइल बा। बस एकदम जल गइल बा।

उहवें एगो रिपोर्ट के मुताबिक एह हादसा में 21 यात्री झुलस गइल बानें। निजि बस में 30 यात्री सवार रहलें। पुलिस अधिकारी बतवलें कि घायलन के नजदीकी अस्पताल ले जाइल गइल। मारल गइल अउर घायल होखे वालन में ज्यादातर बस यात्री रहले। ट्रक धुले से मुंबई जात रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]