[the_ad_group id="30365"]

खालिस्तानी आतंकी पन्नू पs NIA के एक्शन: चंडीगढ़ आ अमृतसर के प्रॉपर्टी जब्त, अब मालिकाना हक सरकार के भइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रीय जांच एजेंसी (NIA) खालिस्तानी आतंकी गुरपतवंत सिंह पन्नू के पंजाब आ चंडीगढ़ के प्रॉपर्टी के जब्त कs लेलस ।पन्नू प्रतिबंधित संगठन सिख फॉर जस्टिस (SFJ) के मुखिया हs। ऊ कनाडा आ दोसर देसन से लगातार भारत विरोधी बात करत रहत रहल बा। हाले में कनाडा-भारत विवाद में ऊ कनाडा में रहे वाला हिंदुअन के धमकियो देले रहे।

पन्नू अब एह प्रॉपर्टीयन के मालिक ना रहल 

NIA के तरफ से अमृतसर के गांव खानकोट में पन्नू के 46 कनाल के प्रॉपर्टी जब्त कइल गइल बा। खानकोट पन्नू के पैतृक गांव हs। ई एग्रीकल्चर लैंड हs। ओहिजा चंडीगढ़ के सेक्टर 15 C में पन्नू के घर बा। पहिले 2020 में एकरा के अटैच कइल गइल रहे। अब NIA जब्त कs लेलस। कानूनी तौर पs अब पन्नू एह प्रॉपर्टी के मालिक ना रहल। ई प्रॉपर्टी अब सरकार के हो गइल बा।

2020 में आतंकी घोषित भइल पन्नू

भारत सरकार 2019 में आतंकी गतिविधियन के चलावे के आरोप में गैरकानूनी गतिविधि रोकथाम अधिनियम माने UAPA के तहत पन्नू के संगठन SFJ पs बैन लगवले बिया। गृह मंत्रालय अपना अधिसूचना में कहले रहे कि सिखन खातिर रेफरेंडम के आड़ में SFJ पंजाब में अलगाववाद आ उग्रवादी विचारधारा के समर्थन कs रहल बा।

पन्नू पs साल 2020 में अलगाववाद के बढ़ावा देवे आ पंजाबी सिख नवहन के हथियार उठावे खातिर प्रोत्साहित करे के आरोप लागल। एकरा बाद केंद्र सरकार 1 जुलाई 2020 के पन्नू के UAPA के तहत आतंकी घोषित कइलस। 2020 में सरकार SFJ से जुड़ल 40 से जादे वेबपेज आ यूट्यूब चैनलन के बैन कइलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]