[the_ad_group id="30365"]

Indian Railway: अब करेंट टिकट के बुकिंग पs छूट भइल बंद, देवे के पड़ी पूरा किराया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यात्रियन के करेंट टिकट के बुकिंग पs अब पूरा किराया देवे के पड़ी। पहिले से चलल आ रहल 10 प्रतिशत के रियायत अब समाप्त कs दिहल गइल बा। रेल मंत्रालय छव साल पहिले करेंट टिकट पs 10 प्रतिशत रियायत देवे के बेवस्था सुरू कइले रहे।

कोविड काल के बाद संक्रमण के हवाला देत मंत्रालय मरीजन आ दिव्यांग के छोड़के वरिष्ठ नागरिकन सहित किराया में मिले वाला सब वर्ग के छूट के बंद कs देलस । करेंट टिकट पs मिले वाला छूट के सुविधा मिलत रहे। ई टिकट ट्रेन छूटला के चार घंटा पहिले बुक होला।

फिलहाल, रेलवे बोर्ड के डायरेक्टर पैसेंजर मार्केटिंग विपुल सिंघल प्रमुख मुख्य वाणिज्य प्रबंधकन के पत्र लिखके एह बेवस्था के बंद करावे के निरदेस जारी कs देले बाड़े। रेलवे बोर्ड के निरदेस पs पूर्वोत्तर रेलवे में करेंट काउंटरन पs नया बेवस्था लागू हो गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]