[the_ad_group id="30365"]

भूकंप : लद्दाख में भूकंप महसूस भइल, तीव्रता रिक्टर पैमाना पर नापल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भूकंप : लद्दाख में भूकंप महसूस भइल, तीव्रता रिक्टर पैमाना पर नापल गइल

लद्दाख में भूकंप के झटका महसूस कइल गइल बा | एकर तीव्रता रिक्टर पैमाना पे 3.5 नापल गइल बा। ई जानकारी नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी के ओर से दिहल गइल बा। कवनो बड़ नुकसान सोझा नईखे आईल। हालांकि भूकंप के बाद लोग सतर्क देखाई देतारे।

सोमवार के सबेरे भी भूकंप आईल रहे

एकरा से पहिले सोमार के सबेरे पापुआ न्यू गिनी के उत्तर-पश्चिमी इलाका में 7.0 तीव्रता के तेज भूकंप आइल रहे| अमेरिकी भूवैज्ञानिक सर्वेक्षण एकरा बारे में जानकारी देले रहे। भूकंप के तेज कंपन के चलते लोग घर से बाहर निकलल। ई भूकम्प के केंद्र तटीय शहर वेवाक से 97 किमी (60 मील) दूर रहल आ एकर गहिराई 62 किमी रहल। भूकंप स्थानीय समय के अनुसार शाम लगभग 4:00 बजे आईल बा।

रिक्टर पैमाना पे भूकंप के तीव्रता के अनुमान कइसे लगावल जाला?

0 से 1.9 सिस्मोग्राफ तक के जानकारी उपलब्ध बा

2 से 2.9 बहुत कम कंपन के पता चलेला

3 से 3.9 के पास से गुजरल भारी गाड़ी जइसन लागेला

4 से 4.9 घर में रखल सामान अपना जगह से नीचे गिर सकेला।

5 से 5.9 भारी सामान आ फर्नीचर भी हिल सकेला

6 से 6.9 भवन के आधार में दरार पड़ सकेला

7 से 7.9 भवन गिर जाला

8 से 8.9 सुनामी के जोखिम, अउरी तबाही

9 या ओकरा से अधिका सबसे खराब प्रलय, धरती के कंपन साफ ​​महसूस होई

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]