[the_ad_group id="30365"]

अब इकोनॉमी कोच में मिली बेडरोल, 20 सितंबर से यात्रियन के मीले लागी सुविधा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अब वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के इकोनॉमी कोच में यात्रा करे वाले यात्रियन के भी बेडरोल (चादर, कंबल, तकिया) दिहल जाई। यात्रियन के ई सुविधा 20 सितंबर से मिले लागी।

इकोनॉमी कोच में जगह के कमी होखला के चलते पूर्वोत्तर रेलवे प्रशासन बर्थ संख्या 81, 82 अउरी 83 के उपयोग बेडरोल रखे खातिर कइले के निर्णय लिहले बा। अइसन में 20 सितंबर अउरी ओकरे बाद के तिथि में जौन यात्री लोग बर्थ संख्या 81, 82 एवं 83 आरक्षित करा लिहलें बानें, उ इमरजेंसी कोटा के तहत उपलब्ध बर्थ आवंटित कइल जाई। जेकर सूचना संबंधित यात्रियन के एसएमएस अलर्ट के जरिये दिहल जाई।

पूर्वोत्तर रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह बतवलें कि अग्रिम आरक्षण बुकिंग के समय ख़तम होखला के तिथि से वातानुकूलित तृतीय श्रेणी इकोनॉमी कोच के बर्थ संख्या 81, 82 अउरी 83 के आरक्षण नाइ कइल जाई। एह व्यवस्था से वातानुकूलित तृतीय श्रेणी इकोनॉमी कोच में यात्रा करे वाले यात्रियन के भी बेडरोल के सुविधा मिली।

249 यात्रियन के मिली सुविधा

गोरखपुर से अभिन तीन ट्रेन में एकहक ठो इकोनॉमी कोच लगावल गइल बा। एगो इकोनॉमी कोच में 83 सीट होला। एह हिसाब से 249 यात्रियन के सफर अब आसान हो जाई।

एह ट्रेनन में लागल बा इकोनॉमी कोच

गोरखपुर-यशवंतपुर
गोरखपुर-एर्नाकुलम
गोरखपुर-सिकंदराबाद

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]