[the_ad_group id="30365"]

अब अतवार के गोरखपुर जेल में रही छुट्टी, शनिचर के होई मुलाकात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अब जेल में अतवार के छुट्टी होई अउर शनिचर के कैदियन से परिजन से मुलाकात होई। राज्य सरकार नयका उत्तर प्रदेश जेल मैनुअल-2022 लागू कs देहले बा। ई जानकारी जिला कारागार अधीक्षक ओपी कटियार देहलें।

ऊ बतवलें कि अतवार के स्थान पर शनिचर के बंदियन के परिजन मुलाकात कs पइहें। इहे नाइ, खइले में भी बदलाव कइल गइल बा। बंदी रक्षक लोग के भी कार्रवाई के दायरा में रखल गइल बा। ई व्यवस्था लागू होखले पर अतवार के मुलाकात बंद रही, जेलकर्मी छुट्टी पर रहिहें।

128 साल पुरान कानून में राज्य सरकार बदलाव करत नयका जेल मैनुअल भी लागू कs दिहल गइल बा। नयका मैनुअल में कैदियन के जेल में साँझ के समय के चाय के साथ बिस्कुट अउर त्योहार पर खीर भी दिहल जाई। एकरे अलावा जेल के कैंटीन में बंदियन के समोसा अउर कोल्ड ड्रिंक भी उपलब्ध करावल जाई।

इहे नाइ, बंदी रक्षकन के खिलाफ भी कार्रवाई कइले के प्रावधान बन गइल बा। अभिन ले सीधे सजा के कौनो प्रावधान नइखे। जइसे कौनो बंदी रक्षक कैदियन से साठगांठ करsता, ओके प्रतिबंधित सुविधा मुहैया करावे के कोशिश करsता, नयका नियम के अनुसार अब बंदी रक्षक के खिलाफ अइसन शिकायत पर ओकरे प्रमोशन, इंक्रीमेंट रोके से ले के ओकर बर्खास्तगी तक के कार्रवाई हो सकsता।

दरअसल कई बेर कैदियम् से मिले जाए वाले परिजन से बदसलूकी के आरोप लागत रहे, लेकिन कौनो कार्रवाई नाइ होत रहे। अब बंदी रक्षक के खिलाफ शिकायत मिलल त ठोस कार्रवाई कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]