[the_ad_group id="30365"]

इलाहाबाद हाईकोर्ट कइलस सरकार से सवाल- स्कूलन में डेंगू से बचाव खातिर का का भइल, सुनवाई 5 दिसंबर के

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इलाहाबाद हाईकोर्ट डेंगू के फइलल प्रकोप के देखत स्कूलन में एकरे बचाव के बारे में शासन से जानकारी मंगले बा। कोर्ट पुछले बा कि स्कूलों में का व्यवस्था कइल गइल बा। खासकर लइकन खातिर। उनके संक्रमण से बचे खातिर का इंतजाम कइल गइल? उनके एह मामिला में जागरूक कइल गइल कि नाइ?

कोर्ट मामिला के सुनवाई खातिर पांच दिसंबर के तिथि तय करत सरकार से रिपोर्ट देवे के कहले बा। मामिल के सुनवाई न्यायमूर्ति मनोज मिश्र अउर न्यायमूर्ति विकास बुधवार के खंडपीठ कs रहल बा।

एकरे पहिले सुनवाई शुरू होखले पर प्रयागराज में डेंगू के उपचार खातिर कइल गइल व्यवस्था के संबंध में स्वास्थ्य विभाग के ओर से रिपोर्ट प्रस्तुत कइल गइल बा। बतावल गइल कि उपचार खातिर अस्पताल में बेड सुरक्षित बा। उहां फिजिशियन तैनात बानें। जांच अउर दवाई के इंतजाम कइल गइल बा।

एकरे अलावा ब्लड बैंक में प्लेटलेट्स भी पर्याप्त मात्रा बा। संक्रमण बढ़ले के दौरान एकर कमी रहल लेकिन अब एकरे कमी के भी दूर कs लिहल गइल बा। एकरे सथही एकर मांग भी कम हो गइल बा। सरकार के तरफ से अधिवक्ता एके गोयल बहस कइलें। कोर्ट रिपोर्ट के रिकॉर्ड पर लेत मामला सुनवाई खातिर पांच दिसंबर के तिथि तय कs दिहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]