[the_ad_group id="30365"]

डीजीपी मुख्यालय देहलें मंजूरी : लखनऊ समेत कानपुर नगर अउर वाराणसी के पूरा क्षेत्र में पुलिस आयुक्त प्रणाली लागू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

डीजीपी मुख्यालय सोमार के लखनऊ, कानपुर नगर अउर वाराणसी पुलिस कमिश्नरेट के पुनर्गठन को मंजूरी दे दिहले बानें। कानपुर नगर अउर वाराणसी में एक-एक जोन बढ़ावल गइल बा जबकि लखनऊ ग्रामीण के थाना के लखनऊ में समायोजित कर दिहल गइल बा।
एडीजी कानून व्यवस्था प्रशांत कुमार बतवलें कि तीनों ही जिला में कमिश्नरेट के पहिले के ढांचा में बदलाव कइल गइल बा। अब लखनऊ में 52 थाना, 16 सर्किल अउर पांच जोन होई। कानपुर नगर पुलिस कमिश्नरेट में 49 थाना, 14 सर्किल अउर चार जोन होई। उहवें वाराणसी पुलिस कमिश्नरेट में 30 थाना, 9 सर्किल अउर तीन जोन होई।
कानपुर में सेंट्रल अउर वाराणसी में गोमती नया जोन बनावल गइल बा। कानपुर में एगो डीसीपी, एक एडीसीपी अउर चार एसीपी के पद बढ़ावल गइल ब। एही तरह वाराणसी में एक डीसीपी, एक एडीसीपी अउर तीन एसीपी के पद बढ़ल बा। एन्ने लखनऊ पुलिस कमिश्नरेट में कौनो नया जोन नाइ बनावल गइल बा। ग्रामीण के सात थाना अलग-अलग जोन में शामिल कs दिहल गइल बा। हालांकि लखनऊ में तीन एसीपी के पद बढ़ावल गइल बा।

लखनऊ में अब एतना पुलिस कर्मी

एडीजी-1, आईजी-2, पुलिस अधीक्षक-11, अपर पुलिस अधीक्षक-11, पुलिस उपाधीक्षक-28, इंस्पेक्टर-139, सब इंस्पेक्टर-1904, मुख्य आरक्षी-2352 अउर आरक्षी-4890
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]