[the_ad_group id="30365"]

Nothing Phone 1 में आ रहल बा शिकायतन के भरमार, रिप्लेसमेंट के बादो ग्राहकन के मिल रहल बा डैमेज फोन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नथिंग कंपनी के पहिला फोन Nothing Phone 1 अपने खूबी खातिर नाइ, बल्कि कमी खातिर सुर्खी बटोर रहल बा। पहिले त एगो प्रैंक वीडियो के जरिए Nothing Phone 1 के निशाना बनावल गइल जेकरे बाद कंपनी के एगो नोटिस जारी करे के पड़ल। ओकरे बाद जौन ग्राहक Nothing Phone 1 के खरीदल ऊ परेशान बाने। Nothing Phone 1 में लगातार दिक्कत आ रहल बा। शुरुआत में स्क्रीन में ग्रीन टिंट के ले के शिकायत अउरी अब बिल्ड क्वॉलिटी के लेके भी शिकायतें आ रहल बा।

रिप्लेस कके ग्राहकन के नया फोन दे रहल बिया कंपनी

रिपोर्ट के मुताबिक खाली भारते नाइ, बलुक कई देशन के ग्राहकन के Nothing Phone 1 में कई तरे के दिक्कत आ रहल बा। Nothing Phone 1 के हालही में सेल शुरू भइल बा। कई यूजर्स वायर टेप के अलाइनमेंट के ले के शिकायत कइले बाने लोग जौन कि बिल्ड क्वॉलिटी पर सवाल खड़ा करत बा। एकरे अलावा कई यूजर्स फ्लिपकार्ट के लेके भी कहले बा कि ऊ फोन के रिप्लेस नाइ क रहल बा। कई यूजर्स शिकायत कइले बाने कि उनके फोन के रियर पैनल के फ्लैश लाइट अउरी किनारे पर बिल्ड क्वॉलिटी के दिक्कत बा। यूजर्स के कहनाम बा कि फोन के कलर दीवार के कलर के तरे खतम हो रहल बा।

रिप्लेस कsके देहल जा रहल बा डैमेड फोन

एक अन्य यूजर दावा कइले बाने कि पुरान फोन के खराब होखले के बाद कंपनी रिप्लेस कके जऊन फोन भेजले बा ऊ डैमेज ही बा। ई रिप्लेसमेंट फ्लिपकार्ट के ओर से कईल गईल बा, हालांकि एह दिक्कत पर अभिन ले Nothing  के ओर से अभिन ले कौनों आधिकारिक बयान नाइ आईल बा। कई यूजर्स स्क्रीन के पिक्सल के डेड होखले के भी शिकायत कइले बाने। कुछ दिन पहिलही कंपनी पहिला ओटीए अपडेट भी जारी कइले रहे अउरी कहले रहे कि एह अपडेट से सारा दिक्कत दूर हो जाई। नया अपडेट के साथ ही HDR10+ के भी सपोर्ट मिलल बा।

Nothing Phone 1 के कीमत अउरी स्पेसिफिकेशन

Nothing Phone 1 के शुरुआती कीमत 32,999 रुपये बा। फोन के फीचर्स की बात कइल जाव त एहमें एंड्रॉयड 12 देहल गइल बा। फोन में 6.55 इंच के फुल एचडी प्लस OLED डिस्प्ले बा जेकर रिफ्रेश रेट 120Hz बा। डिस्प्ले अउरी बैक पैनल पर गोरिल्ला ग्लास के प्रोटेक्शन बा। डिस्प्ले के साथ HDR10+ के सपोर्ट बा अउरी ब्राइटनेस 1200 निट्स बा। फोन में Snapdragon 778G+ प्रोसेसर के साथ 12 जीबी तक LPDDR5 रैम अउरी 256 जीबी तक के स्टोरेज बा।

Nothing Phone 1 में दू रियर कैमरा बा जौनेमें एक लेंस 50 मेगापिक्सल के Sony IMX766 सेंसर बा जेकर अपर्चर ƒ/1.88 बा अउरी एकरे साथ OIS अउरी EIS दूनों के सपोर्ट बा। दूसरका लेंस भी 50 मेगापिक्सल के Samsung JN1 सेंसर बा जऊन कि अल्ट्रा वाइड एंगल बा। एकरे संगे EIS स्टेबलाइजेशन मिली। फ्रंट में 16 मेगापिक्सल का Sony IMX471 कैमरा देहल गइल बा। कैमरा के साथ पैनोरमा नाइट मोड, पोट्रेट मोड, एक्सपर्ट मोड मिली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]