Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

200MP कैमरा वाला दुनिया के पहिला फोन, 125W के फास्ट चार्जिंग, अगिला हप्ता में होई लॉन्च

2,213
200MP कैमरा वाला दुनिया के पहिला स्मार्टफोन- Moto X30 Pro के लॉन्च डेट काफी नजदीक आ गइल बा। ई फोन 2 अगस्त के लॉन्च होखे वाला बा। कई मार्केट्स में एह हैंडसेट के एंट्री Moto Edge 30 Ultra के नाम से हो सकत बा। लॉन्च से पहिले कंपनी के ई अपकमिंग स्मार्टफोन बेंचमार्किंग वेबसाइट गीकबेंच पर देखल गइल बा। लिस्टिंग के अनुसार फोन के मॉडल नंबर XT2241-1 ह। ई 12जीबी रैम अउरी ऑक्टा-कोर स्नैपड्रैगन 8+ जेन 1 चिपसेट के साथ आई। गीकबेंच लिस्टिंग के मानल जाव त ई फोन ऐंड्रॉयड 12 ओएस पर काम करी। गीकबेंच के सिंगल-कोर टेस्ट में फोन के 1252 अउरी मल्टी-कोर टेस्ट में 3972 के स्कोर मिलल बा।

 

मिली ई फीचर अउरी स्पेसिफिकेशन

मोटोरोला के ई फोन कई प्रीमियम अउरी फ्लैगशिप फीचर्स के साथ आई। एहमें कंपनी फोटोग्राफी खातिर 200MP के कैमरा ऑफर करे वाली बा। फोन में मिले वाले एह कैमरा सेंसर के नाम Samsung ISOCELL HP1 बा। रिपोर्ट्स के अनुसार एह सेंसर से लेहल फोटो साइज में 13MB से भी ज्यादा बड़ साइज के हो सकत बा।

इकरे अलावा कंपनी फोन के रियर में एगो 50 मेगापिक्सल के अल्ट्रा-वाइड ऐंगल कैमरा अउरी एक 12 मेगापिक्सल का भी कैमरा ऑफर करे वाला बा फोन में 6.73 इंच के फुल एचडी+ P-OLED डिस्प्ले देहल जा सकत बा। ई डिस्प्ले सेंटर पंच-होल डिजाइन वाला होखी। डिस्प्ले के खास बात होई कि ई 144Hz के रिफ्रेश रेट के सपोर्ट करी।

300940cookie-check200MP कैमरा वाला दुनिया के पहिला फोन, 125W के फास्ट चार्जिंग, अगिला हप्ता में होई लॉन्च

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.