Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Nokia C21 Plus के सेल शुरू, कम कीमत में मिली 3 दिन के बैटरी लाइफ

2,674

नोकिया अपने स्मार्टफोन Nokia C21 Plus के खरीदले खातिर उपलब्ध क देहले बा। एह फोन के नोकिया 12 जुलाई के भारत में लॉन्च कइले रहल। Nokia C21 Plus के 3 दिन के बैटरी बैकअप के संगे पेश कइल गइल बा। एह फोन के डार्क सियान अउर वार्म ग्रे दो कलर ऑप्शन में खरीदल जा सकत बा।

फोन में 13 मेगापिक्सल के डुअल कैमरा सेटअप अउर रिक्योरिटी खातिर रियर माउंटेड फिंगरप्रिंट सेंसर देहल गइल बा। फोन के रिटेल, ई-कॉमर्स प्लेटफॉर्म  अउर नोकिया के ऑफिशियल वेबसाइट से खरीदल जा सकत बा।

Nokia C21 Plus के कीमत

नोकिया के तरफ से आवे वाला एह फोन के बजट सेगमेंट में भारतीय बाजार में लाईल गइल बा। एह फोन के 3 जीबी रैम के संगे 32 जीबी स्टोरेज के 10,299 रुपये अउर 4 जीबी रैम के संगे 64 जीबी स्टोरेज वेरियंट के 11,299 रुपये में खरीदल जा सकत बा। फोन के रिटेल स्टोर, ई-कॉमर्स वेबसाइट अउर नोकिया के ऑफिशियल वेबसाइट से खरीदल जा सकत बा। नोकिया के ऑफिशियल वेबसाइट से फोन खरीदले पर लिमिटेड टाइम खातिर नोकिया वायर ईयरफोन भी संगे में मिले वाला बा।

Nokia C21 Plus के विशेषता

Nokia C21 Plus में 6.5 इंच के एचडी प्लस डिस्प्ले अउर 20:9 का आस्पेक्ट रेश्यो देखे के मिलत बा। फोन में एंड्रॉयड 11 के संगे ऑक्टा कोर Unisoc SC9863A प्रोसेसर देहल गइल बा। फोन में रिक्योरिटी खातिर फिंगरप्रिंट सेंसर अउर AI फेस अनलॉक फीचर्स भी मिलत बा। फोन में डुअल कैमरा सेटअप मिलत बा,  जऊन 13 मेगापिक्सल के प्रायमरी कैमरा अउर 2 मेगापिक्सल के डेप्थ सेंसर के संगे आवत बा। सेल्फी खातिर फोन में 5 मेगापिक्सल के कैमरा देहल गइल बा।

Nokia C21 Plus में कंपनी दू साल के सिक्योरिटी अपडेट भी देवे वाला बा। फोन में 5,050mAh के बैटरी के संगे 10W के चार्जिंग सपोर्ट मिलत बा। कंपनी के दावा बा कि एहकी बैटरी 100 फीसदी चार्जिंग के बाद 3 दिन के बैटरी बैकअप देत बा। फोन में 3.5mm बाडफोन जैक, माइक्रो USB पोर्ट अउर Bluetooth v4.2  जइसन कनेक्टिविटी फीचर्स भी देहल गइल बा।

301190cookie-checkNokia C21 Plus के सेल शुरू, कम कीमत में मिली 3 दिन के बैटरी लाइफ

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.