[the_ad_group id="30365"]

No Confidence Motion: ‘गठबंधन के I.N.D.I.A नाम देला से ना होई भला, अविश्वास प्रस्ताव पs पछताई कांग्रेस’, संसद में बोललें किरेन रिजिजू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

विपक्ष के No Confidence Motion पs लोकसभा में बहस हो रहल बा। कांग्रेस सांसद गौरव गोगोई पार्टी के ओर से एह बहस के सुरुआत कइलें। गौरव गोगोई मणिपुर के घटना पs पीएम मोदी पs निशाना सधलें बाड़ें। ऊ पूछलें कि पीएम मोदी मणिपुर के एह घटना पs चुप काहे बाड़ें।

बता दीं कि चरचा खातिर 12 घंटा के समय तय कइल गइल बा। बीजेपी के चरचा में भाग लेवे खातिर लगभग सात घंटा के समय मिली। कांग्रेस पार्टी खातिर लगभग एक घंटा 15 मिनट के समय आवंटित कइल गइल बा।वाईएसआर कांग्रेस पार्टी, शिवसेना, जेडीयू, बीजेडी, बीएसपी, बीआरएस आ एलजेपी के कुल 2 घंटा के समय दिहल गइल बा। पीएम मोदी 10 अगस्त के एह पs जवाब दे सकते बाड़ें।

हमनी के आंतरिक ममिलन में हस्तक्षेप नइखे कs सकत बिदेसी ताकत- किरेन रिजिजू

लोकसभा में अविश्वास प्रस्ताव पs बहस के दौरान केंद्रीय मंत्री किरेन रिजिजू कहलें कि उ दिन गइल, जब बिदेसी ताकत भारत के बतावत रहली सs कि का करे के बा आ  का ना। आज कवनो विदेशी ताकत हमनी के आंतरिक ममिलन में हस्तक्षेप नइखे कs सकत।

विपक्ष पs बरसलें किरेन रिजिजू

अविश्वास प्रस्ताव पs बहस के दौरान लोकसभा में केंद्रीय मंत्री आ भाजपा नेता किरन रिजिजू कहलें कि 2014 से पहिले पूर्वोत्तर के कइयन लोगन के दिल्ली आ देस के आउर प्रमुख शहरन में नस्लीय भेदभाव आ अत्याचार के सामना करे के पड़ल रहे। 2014 के बाद हालात बदलल आ आजादी के बाद पहिला बेर गुवाहाटी में डीजीपी कॉन्फ्रेंस भइल। एह बैठक के दौरान पीएम निरदेस देलें कि पुलिस पूर्वोत्तर के लोगन के सुरक्षा सुनिश्चित करे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]