Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली सेवा विधेयक: हरिवंश ममिला में नीतीश नाराज, विपक्षी सदस्यन के मतदान से दूरी नया सियासी समीकरणन के संकेत

राज्यसभा में जद(एस) के इकलौता सांसद एचडी देवगौड़ा मतदान से दूरी बनवलें, जबकि टीडीपी विधेयक के पक्ष में वोट देलस। टीडीपी अविश्वासो प्रस्ताव पs सरकार के साथ देवे के घोषणा कइले बिया। एसे संकेत मिलल बा कि लोकसभा चुनाव में एह दुनो दलन के भाजपा से गठबंधन के संभावना खतम नइखे भइल।

682

दिल्ली सेवा विधेयक पs राज्यसभा में सोमार देर रात भइल मतदान के दौरान कुछ विपक्षी सांसदन के अनुपस्थिति, कुछ दलन के विधेयक के सीधा आ परोक्ष समर्थन भविष्य में नया सियासी समीकरण बनला के संकेत देले बा। खासतौर पs ठीक मतदान के दौरान उपसभापति हरिवंश के कार्यवाही संचालन खातिर आसन पs बइठला के लेके चरचा के बाजार गरम बा। रालोद के मुखिया जयंत चौधरी के मतदान से दूरी उनकर भाजपा से नजदीकियन के बढ़ला के चरचा के आउर बल देले बा।

गौर करे वाला बात बा कि रालोद मुखिया जयंत चौधरी, पूर्व पीएम एचडी देवगौड़ा आ सपा समर्थित निर्दलीय सांसद कपिल सिब्बल मतदान में हिस्सा ना लिहल लो। एकरा अलावे वाईएसआरसीपी, बीजेडी आ टीडीपी विधेयक के समर्थन कइलस, जबकि मतदान के दौरान कार्यवाही संचालन के जिम्मेदारी संभाल रहल उपसभापति हरिवंश जदयू द्वारा जारी व्हिप आ मतदान करे से बच गइलें।

जयंत के संगे पक रहल बा खिचड़ी

उत्तर प्रदेश में सपा के सहजोगी रालोद विपक्षी गठबंधन इंडिया में सामिल बा। जयंत बंगलूरू में भइल विपक्षी दलन के बैठक में सामिलो भइल रहस। फेर विधेयक के विरोध करे के फैसला सर्वसम्मति से लिहल गइल रहे। बावजूद एकरा जयंत के मतदान से दूरी से परदा के पीछे से उनका भाजपा से बातचीत के चरचा के बल मिलल बा। सूत्रन के कहनाम बा कि शीर्ष स्तर पs भाजपा के जयंत से बातचीत चल रहल बा। भाजपा जयंत के सोझा दु सीटन के प्रस्ताव देले बिया। हालांकि, एह पs अंतिम फैसला नइखे हो पाइल।

जद(एस)-टीडीपी से नइखे टूटल संपर्क

राज्यसभा में जद(एस) के इकलौता सांसद एचडी देवगौड़ा मतदान से दूरी बनवलें, जबकि टीडीपी विधेयक के पक्ष में वोट देलस। टीडीपी अविश्वासो प्रस्ताव पs सरकार के साथ देवे के घोषणा कइले बिया। एसे संकेत मिलल बा कि लोकसभा चुनाव में एह दुनो दलन के भाजपा से गठबंधन के संभावना खतम नइखे भइल। हालांकि, टीडीपी-भाजपा गठबंधन में वाईएसआरसीपी के पेंच बा। आंध्रप्रदेश के दुनो प्रतिद्वंद्वी पार्टी टीडीपी आ वाईएसआरसीपी भाजपा के पक्ष में खड़ा बाड़ी सs।

व्हिप के संगे मतदान से बचलें हरिवंश

जदयू सांसद आ उपसभापति हरिवंश मतदान के दौरान आसन पs नजर अइलें। एकरा कारण ऊ पार्टी के व्हिप के संगही मतदान करे से बच गइलें। जदयू सूत्रन के कहनाम है कि एसे मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बहुते नाराज बाड़ें। पार्टी पहिला बेर उनका के व्हिप जारी कs के विधेयक के विरोध में वोट देवे के निरदेस देले रहे। जदयू के वरिष्ठ नेता कहलें कि ई साफ बा कि विधेयक के साथ देवे खातिर ऊ आसन पs आसीन होखे के बहाना बनवलें। एसे भलही उनका खिलाफ व्हिप के उल्लंघन के ममिला में कार्रवाई नइखे हो सकत, बाकिर अइसन कs के हरिवंश आपन निष्ठा स्पष्ट कs देलें बाड़ें।

फेर काम आइल शाह के रणनीति

बीजेडी, वाईएसआरसीपी के समर्थन के संगही विधेयक के राज्यसभा में पारित होखल तय रहे। हालांकि, गृह मंत्री अमित शाह चाहत रहस कि विधेयक के समर्थन में संख्याबल जादे होखे। एही रणनीति के तहत बीजेडी, वाईएसआरसीपी, टीडीपी के साधल गइल। सीधे समर्थन करे में असमर्थता जतावे वाला सांसदन के मतदान से दूर रहे खातिर मनावल गइल।

साभार: अमर उजाला

621490cookie-checkदिल्ली सेवा विधेयक: हरिवंश ममिला में नीतीश नाराज, विपक्षी सदस्यन के मतदान से दूरी नया सियासी समीकरणन के संकेत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.