[the_ad_group id="30365"]

मणिपुर में नीतीश के बड़ झटका, भाजपा में शामिल भइलें पांच विधायक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के सीएम नीतीश कुमार के पार्टी जदयू के मणिपुर में बड़ झटका लागल बा। इहाँ के जनता दल यूनाइटेड (जदयू) के पांच विधायक शुक्रवार के सत्ताधारी भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) में शामिल हो गईले। मणिपुर विधान सभा के सचिव के मेघजीत सिंह के ओर से जारी बयान में मणिपुर के जदयू के पांच विधायक भाजपा में शामिल हो गईल बाड़े। ए साल मार्च में भईल विधानसभा चुनाव में जदयू 38 में से 6 सीट जीत चुकल रहलें

भाजपा मणिपुर ट्विटर प एगो चिट्ठी जारी कईले बिया, जवना में भाजपा में शामिल भईल जदयू विधायक के नाम बा। भाजपा में शामिल भईल विधायक में केएच जोयकिशन, एन सनते, मोहम्मद अछाबुद्दीन, पूर्व पुलिस महानिदेशक एएम खोटे अउरी थंगजाम अरुणकुमार शामिल बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]